आटा
Appearance
आटा चाहे पिसान कई किसिम क अनाज, फल या जड़ के महिन बुरादा (पाउडर) ह। अनाज, फल या जड़ के मील या जाँता या ओखर में पीस/कूट के आटा प्राप्त कईल जाला। आटा से रोटी आ विभिन्न प्रकार के व्यंजन (खाये वाली चीज) बनावल जाला। [1] अन्न के आटा से रोटी आ ब्रेड तैयार कईल जाऽला, जवन हमनी के रोज के खाना में शामिल बा। गेंहू के आटा ओशिनिया, यूरोप, दक्खिन अमेरिका, उत्तर अमेरिका, मध्य पूरुब, उत्तर भारत आ उत्तर अफ्रीका के संस्कृति में पावल जाला, जहां लोग अपन-अपन संस्कृति के हिसाब से रोटी आ पेस्ट्री (आटा से बनल मिठाई) बनावेला लोग।
आटा के कुछ प्रकार
[संपादन करीं]- गेंहू के आटा (wheat flour) अनाज से बनेला।
- चावल के आटा (rice flour) अनाज से बनेला
- बेसन चाहे चना क आटा
- मकई के आटा (corn flour) अनाज से
- नारियल के आटा (coconut flour) फल से
- केरा के आटा (banana flour) फल से
- कसावा के आटा (cassava flour) जड़ से बनेला
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "आटा meaning in hindi". www.hindi2dictionary.com. Retrieved 17 May 2018.
बाहरी लिंक
[संपादन करीं]ई खाना-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |