Jump to content

आटा

विकिपीडिया से
आटा

आटा चाहे पिसान कई किसिम क अनाज, फल या जड़ के महिन बुरादा (पाउडर) ह। अनाज, फल या जड़ के मील या जाँता या ओखर में पीस/कूट के आटा प्राप्त कइल जाला। आटा से रोटी आ विभिन्न प्रकार के व्यंजन (खाये वाली चीज) बनावल जाला। [1] अन्न के आटा से रोटी आ ब्रेड तैयार कइल जाऽला, जवन हमनी के रोज के खाना में शामिल बा। गेंहू के आटा ओशिनिया, यूरोप, दक्खिन अमेरिका, उत्तर अमेरिका, मध्य पूरुब, उत्तर भारत आ उत्तर अफ्रीका के संस्कृति में पावल जाला, जहां लोग अपन-अपन संस्कृति के हिसाब से रोटी आ पेस्ट्री (आटा से बनल मिठाई) बनावेला लोग।

आटा के कुछ प्रकार

[संपादन करीं]
  • गेंहू के आटा (wheat flour) अनाज से बनेला।
  • चावल के आटा (rice flour) अनाज से बनेला
  • बेसन चाहे चना क आटा
  • मकई के आटा (corn flour) अनाज से
  • नारियल के आटा (coconut flour) फल से
  • केरा के आटा (banana flour) फल से
  • कसावा के आटा (cassava flour) जड़ से बनेला
  1. ↑ "आटा meaning in hindi". www.hindi2dictionary.com. Archived from the original on 28 April 2018. Retrieved 17 May 2018.

बाहरी लिंक

[संपादन करीं]