हिजरी साल
एगो सीरीज के हिस्सा जेकर बिसय बा |
इस्लाम |
---|
![]() |
हिजरी साल, चाहे हिजरी युग, इस्लामी कैलेंडर के साल ह। एह साल के हिसाब से गणना के शुरुआत इस्लामी नया साल के ओह दिन से होला जहिया मोहम्मद अपना अनुयाई लोगन के साथे मक्का से मदीना के जात्रा कइलें, 622 ईसवी में। एह घटना के हिजरत भा हिजरः कहल जाला आ इहे इस्लाम (उम्माह) के शुरुआत आ अस्थापना के तिथी मानल जाला।
हिजरी साल के हिंदी-भोजपुरी में हि. संछेपाक्षर से लिखल जाला आ अंग्रेज़ी में AH लिखल जाला (Anno Hegirae के संछेप रूप) जबकि ब्रिटिश काल में एकरा के BH (Before the Hijrah) लिखल जाव।
इस्लामी कैलेंडर चंद्रमा आधारित कैलेंडर हवे आ एह में एक साल में, चंद्रमा के चक्कर के आधार प बारह गो महिन्ना, आ एह तरीका से 354 चाहे 355 दिन होखे लें। एकर मतलब ई कि इस्लामी साल भा हिजरी साल ग्रेगोरियन कैलेंडर के साल से करीबन 10 दिन कम के (छोट) होखे ला।
![]() | ई इस्लाम-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |