कुरआन

विकिपीडिया से
(कुरान से अनुप्रेषित)
कुरआन
A paper Quran opened halfwise on top of a brown cloth
जानकारी
धरमइस्लाम
काल609–632

कुरआन भा क़ुरान (शाब्दिक अर्थ: "पाठ"[नोट 1]) इस्लाम धर्म के सभसे प्रमुख किताब हवे जेकर अनुसरण आ पाठ मुसलमान लोग करे ला। ई ईश्वर, मने की अल्लाह के द्वारा बतावल बात सभ के संग्रह हवे जे पैगंबर मुहम्मद ग्रहण कइलेन आ अउरी लोग के सुनवलें।

ई क्लासिकल अरबी ज़माना के सभसे बेहतरीन रचना सभ में से एक मानल जाला आ ई कई भाग में बाँटल बा जिनहन के सूरा कहल जाला आ फिर ई सूरा कई आयाह में बाँटल बाने।

नोट[संपादन करीं]

  1. पाठ के अरथ इहाँ बोल-बोल के पढ़े के अरथ वाला हवे। मानल जाला कि कुरआन अल्लाह द्वारा पैगंबर मुहम्मद के ऊपर उतरल आ ऊ एकर बोल के पाठ कइलें भा एकरा के अउरी लोग के सुनवलें।