कुरआन
Appearance
कुरआन | |
---|---|
जानकारी | |
धरम | इस्लाम |
काल | 609–632 |
कुरआन भा क़ुरान (शाब्दिक अर्थ: "पाठ"[नोट 1]) इस्लाम धर्म के सभसे प्रमुख किताब हवे जेकर अनुसरण आ पाठ मुसलमान लोग करे ला। ई ईश्वर, मने की अल्लाह के द्वारा बतावल बात सभ के संग्रह हवे जे पैगंबर मुहम्मद ग्रहण कइलेन आ अउरी लोग के सुनवलें।
ई क्लासिकल अरबी ज़माना के सभसे बेहतरीन रचना सभ में से एक मानल जाला आ ई कई भाग में बाँटल बा जिनहन के सूरा कहल जाला आ फिर ई सूरा कई आयाह में बाँटल बाने।
नोट
[संपादन करीं]- ↑ पाठ के अरथ इहाँ बोल-बोल के पढ़े के अरथ वाला हवे। मानल जाला कि कुरआन अल्लाह द्वारा पैगंबर मुहम्मद के ऊपर उतरल आ ऊ एकर बोल के पाठ कइलें भा एकरा के अउरी लोग के सुनवलें।
ई इस्लाम-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |