हर्यक बंस

विकिपीडिया से

हर्यक बंस प्राचीन भारत में मगध राज पर शासन करे वाला दुसरा बंस रहल आ बृहद्रथ बंस के बाद एह राज पर एह लोग के अधिकार भइल। एह बंस के अस्थापना करे वाला या त बिंबिसार रहलें या फिर उनके पिता भट्टिय रहलें। हालाँकि, एह बंस के ताकत बिंबिसार के समय में बढ़ल आ एही के साथ वर्तमान बिहार के इलाका के राजनीतिक ताकत भी बढ़ल।

बिंबिसार, अजातशत्रु आ उदयिन एह बंस के नामी शासक लोग रहल आ अउरी छोट-छोट राजा लोग के शासन बाद एह बंस के अंत भइल आ एकरे बाद शिशुनाग बंस मगध के सत्ता पर काबिज भइल।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]