स्पून्स सेक्स पोजीशन

विकिपीडिया से
(स्पूंस सेक्स पोजिशन से अनुप्रेषित)
Jump to navigation Jump to search
spoons sex position
स्पूंस पोजीशन के चित्र में निरूपण

स्पून्स सेक्स पोजीशन भा स्पूनिंग एक तरह के सेक्स पोजीशन जेह में सेक्स भा सेक्सुअल क्रिया करे वाला दुनो ब्यक्ति एक ओर मुँह क के लेटे लें आ आगे वाला ब्यक्ति (आमतौर प औरत) के पाछे से लिंग के परवेश करा के मरद ओकरा साथे सेक्स करे ला। एकरा के पोजीशन 99 भी कहल जाला। ई पाछे से लिंग घुसाव वाला सेक्स पोजीशन हवे, दूसर अइसन पाछे से लिंग घुसाव वाली पोजीशन डॉगी स्टाइल होला। कुछ सेक्सोलॉजिस्ट लोग एकरा के "मूलभूत चार" (बेसिक फोर) सेक्स पोजीशन में से एक ठो माने ला, जबकि सभसे ढेर बेहवार में आवे वाली पोजीशन मिशनरी पोजीशन हवे।

एकर नाँव स्पून यानी कि चम्मच के नाँव पर एह कारन धराइल मानल जाला काहें कि जेह तरीका से दू गो चम्मच के दुसरे के साथ फिट हो जालें (एकही ओर मुँह कइ के) ओही तरे मरद-मेहरारू के शरीर के अवस्था एह पोजीशन में होखे ले। एकर फ्रांसीसी नाँव पोजीशन 99 हवे जे पोजीशन 69 के तरज प रखल गइल हवे, यानी कि एह पोजीशन में शरीर के स्थिति 99 नियर एकही ओर मुँह कइले होखे ले, जबकि 69 के पोजीशन में एक पार्टनर के मुँह दुसरे पार्टनर के यौन अंग पर होला आ ई मुँह से मैथुन के क्रिया वाली पोजीशन हवे।

इहो देखल जाय[संपादन]

संदर्भ[संपादन]