स्ट्रीमिंग मीडिया

विकिपीडिया से

स्ट्रीमिंग मीडिया में मल्टीमीडिया के अंतिम-उपयोगकर्ता पहुँच आ डिस्प्ले के काम एक्के साथ होला। मने कि पहिले फाइल पूरा डाउनलोड होखे आ ओकरे बाद देखाई पड़े अइसन ना होला बलुक डाउनलोड होखे के साथे-साथ आडियो-बीडियो के देखाई पड़े के काम भी सुरू हो जाला। "स्ट्रीम कइल/स्ट्रीम होखल" क्रिया के रूप में ओह प्रासेस के कहल जाला जवना प्रासेस में डेटा हासिल होला आ देखाई पड़े ला। एह शब्द के इस्तेमाल डिलिवरी के तरीका खाती कइल जाला न कि खुद माध्यम खाती, मने की वास्तव में मीडिया के प्रकार आडियो भा बीडियो होला (या कौनों अन्य मल्टीमीडिया) जबकि एकरा के हासिल कइल आ डिस्प्ले के तरीका स्ट्रीमिंग द्वारा होला।

डाउनलोडिंग से अलग होला काहें की डाउनलोडिंग में पहिले पूरा डेटा (भा फाइल) डाउनलोड होखे ले ओकरे बाद ओकरा के देखल पढ़ल जा सके ला।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]