स्ट्रीमिंग मीडिया
Appearance
स्ट्रीमिंग मीडिया में मल्टीमीडिया के अंतिम-उपयोगकर्ता पहुँच आ डिस्प्ले के काम एक्के साथ होला। मने कि पहिले फाइल पूरा डाउनलोड होखे आ ओकरे बाद देखाई पड़े अइसन ना होला बलुक डाउनलोड होखे के साथे-साथ आडियो-बीडियो के देखाई पड़े के काम भी सुरू हो जाला। "स्ट्रीम कइल/स्ट्रीम होखल" क्रिया के रूप में ओह प्रासेस के कहल जाला जवना प्रासेस में डेटा हासिल होला आ देखाई पड़े ला। एह शब्द के इस्तेमाल डिलिवरी के तरीका खाती कइल जाला न कि खुद माध्यम खाती, मने की वास्तव में मीडिया के प्रकार आडियो भा बीडियो होला (या कौनों अन्य मल्टीमीडिया) जबकि एकरा के हासिल कइल आ डिस्प्ले के तरीका स्ट्रीमिंग द्वारा होला।
ई डाउनलोडिंग से अलग होला काहें की डाउनलोडिंग में पहिले पूरा डेटा (भा फाइल) डाउनलोड होखे ले ओकरे बाद ओकरा के देखल पढ़ल जा सके ला।
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]संदर्भ
[संपादन करीं]ई इंटरनेट-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |