डाउनलोड
(डाउनलोडिंग से अनुप्रेषित)
Jump to navigation
Jump to search
डाउनलोड करे के मतलब होला कौनों कंप्यूटर नेटवर्क पर दूर मौजूद, मने कि रिमोट, सिस्टम से डेटा माँग के रिसीव कइल। आमतौर पर दूर मौजूद अइसन सिस्टम एगो सर्वर होला; हालाँकि, ई कौनों दूसर क्लायंट भी हो सके ला। आम सर्वर सभ में वेब सर्वर, ई मेल सर्वर आ एफटीपी सर्वर प्रमुख बाड़ें। ई प्रासेस अपलोडिंग से ठीक उल्टा होला, अपलोड करे में कौनों दुसरे सिस्टम ले डेटा भेजल जाला जहाँ जाके ऊ डेटा रिसीव होला भा सहेजल जाला।
अइसन फाइल भा डेटा जेकरा के डाउनलोड कइल गइल होखे डाउनलोड कहाला। डाउनलोड के प्रासेस के डाउनलोडिंग कहल जाला।
डाउनलोडिंग के प्रासेस से अलग तरीका के प्रासेस स्ट्रीमिंग होला जेह में डेटा भा फाइल के रिसीव कइल आ साथे-साथ ओकर प्रेजेंटेशन (देखल भा सुनल) भी संभव होला, यानी फाइल पूरा डाउनलोड होखे से पहिलहीं देखाई सुनाई पड़े सुरू हो जाले।
इहो देखल जाय[संपादन]
संदर्भ[संपादन]
बाहरी कड़ी[संपादन]
विकिमीडिया कॉमन्स पर Download icons से संबंधित मीडिया
- मरियम वेबस्टर डिक्शनरी पर (अंग्रेजी में)
![]() | ई इंटरनेट-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |