सुशांत सिंह राजपूत
सुशांत सिंह राजपूत | |
|---|---|
"एमएस धोनी: द अनटोल्ड" स्टोरी के परचार करत | |
| जनम | 21 जनवरी 1986[1] |
| निधन | 14 जून 2020 (उमिर 34)[3] मुंबई, महाराष्ट्र, भारत |
मउअत के वजह | फसरी लगाई के आत्महत्या[4] |
| पेशा सभ |
|
| एक्टिव बरिस | 2008–20 |
सुशांत सिंह राजपूत एगो भारतीय अभिनेता रहन। ई टीवी सीरियल सभ से आपन कैरियर चालू कइलन। हिनकर पहिला शो "किस देश में है मेरा दिल रहे"। ई "पवित्र रिश्ता" से बहुते प्रख्यात भइलन। हिनकर पहिलका फिलिम "काय पो छे" (2013) रहे।
सुशांत आपन फिल्म के शुरुआत 2013 मे काय पोछे से कइलन। एकरा बाद उह देसी रोमांस, पीके, डिटेक्टीव ब्योमकेश बक्शी में काम कइलन। 2016 के फिल्म जेकर नाव एम एस धोनी: द अनटोल्ड स्टोरी में ऊ महेंद्र सिंह धोनी के भूमिका कइले बाड़न। जेकरा खातिर उनकरा के खूब पसंद कइल गइल। अभिनय के आलावा ऊ अलग अलग कार्यक्रम जयसे की सुशांत4एजुकेशन में शामिल रहन। ऐकर आलावा उह कुछ प्रौद्योगिकी कंपनी के भी संस्थापक कइले रहन। 14 जून 2020 के सुशांत सिंह राजपूत के देह पंखा से लटकल मिलल, जेकर जांज केंद्रीय अन्वेषण ब्यूरो द्वारा कइल जाता।
जिनगी
[संपादन करीं]हिनकर जनम पटना मे भइल बाकिर हीनकर गाँव पूर्णिया बाटे। हिनकर एगो बहिनी, मितु सिंह, राज्य स्तर के किरकेटर बाड़ी। हिनकर माई के देहांत 2002 मे भ गइल रहे, जेकरा से हिनका बहुत बड़ सदमा लागल रहे आ ओही बरिस हीनकर परिवार दिल्ली चलि गइल।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ Shruti Shiksha (21 January 2018). "'Happy Birthday, Sushant Singh Rajput. Keep That Childlike Smile Always Alive,' Tweets Kriti Sanon". NDTV. Retrieved 6 December 2018.
- ↑ उद्धरण खराबी:Invalid
<ref>tag; no text was provided for refs named "time_Madh". - ↑ "Sushant Singh Rajput commits suicide at Mumbai home". India Today. 14 June 2020. Retrieved 14 June 2020.
- ↑ "Sushant Singh Rajput commits suicide at Mumbai home". India Today. 14 June 2020. Retrieved 14 June 2020.