सुपरमून

विकिपीडिया से
19 मार्च 2011 के सुपरमून (दाहिने), आ 20 दिसंबर 2010 के चंद्रमा (बायें), तुलना खातिर देखावल गइल।
19 मार्च 2011 के सुपरमून पृथ्वी से 356,577 किलोमीटर (221,567 मील) के दूरी पर रहल, 1993 के बाद पहिली बेर, आ एही कारण ई अपोजी के स्थिति के तुलना में 30 प्रतिशल ढेर चमकदार आ 14 प्रतिशत बड़हन देखाई पड़ल।

सुपरमून (अंग्रेजी: Supermoon) (शाब्दिक अरथ: बिसाल चंद्रमा, बड़का चंद्रमा) एक ठो खगोलीय घटना हवे जेह में चंद्रमा के पृथिवी से सभसे नजदीकी स्थिति आ पुर्नवासी दुन्नों एकही साथ पड़े ला आ एही से चंद्रमा आम पुर्नवासी के दिन सभ के तुलना में बड़ा आकार के आ ढेर चमकदार लउके ला।[1] एकर तकनीकी नाँव पृथ्वी-चंद्र सिस्टम के पेरीजी-सिजिगी हवे। "सुपरमून" शब्द कौनों खगोलशास्त्रीय शब्द ना हवे बलुक ई आधुनिक ज्योतिष के दिहल शब्द हवे[2] चंद्रमा के खिंचाव से पृथ्वी के समुंदरी हिस्सा के साथ-साथ चट्टानी हिस्सा में भी ज्वार आवे के बिचार एह तरह के सुबहा के कारण भी बने लें कि सुपरमून के घटना के समय भूकंप के घटना में बढ़ती होले, हालाँकि, अइसन बात के कौनों मजबूत प्रमाण अभिन ले नइखे मिलल।[3]

एकरे उल्टा जवन स्थिति होले, मने कि एपोजी-सिजिगी, ओकरा के माइक्रोमून (लघु चंद्र) कहल जाला[4] हालाँकि ई शब्द बहुत प्रचलन में नइखे।

कबो-कबो सुपरमून आ चंद्रग्रहण के स्थति भी एकही साथ हो जाला। एहू में कब्बो-कबो त पूरा चंद्रग्रहण के भी। साल 2015 के सितंबर में 27-28 तारीख के लागल चनरगरहन अइसने रहल, अगिला अइसन स्थिति साल 2033 में फिर होखी।[5] सभसे हाल में सुपरमून के स्थिति 13-14 नवंबर, 2016 के रात के बनल रहल।

दूरी[संपादन करीं]

चंद्रमा पृथ्वी के परिकर्मा करत समय चपटापन लिहले वृत्त (अंडाकार या एलिप्स) के मार्ग पर चले ला आ एही से पृथ्वी से एकर दूरी 357,000 किलोमीटर (222,000 मील) आ 406,000 किमी (252,000 मील) के बीच बदलत रहे ले (इहाँ पृथ्वी आ चंद्रमा के केंद्र के बीच के दूरी बतावल गइल बा)।[6][7][8] पृथ्वी के नजदीकी बिंदु पर रहला के पेरीजी आ दूरतम बिंदु पर रहला के एपोजी कहल जाला।

एही कारण, जब पुर्नवासी होला आ चंद्रमा पूरा गोल रूप में आकाश में लउके ला आ ओही समय पेरीजी के स्थिति भी होला तब तुलनात्मक रूप से एपोजी के पड़े वाली पुर्नवासी के तुलना में चंद्रमा 14% तक ले ढेर बड़हन साइज के लउके ला आ 30% तक ले एकरा चमक में इजाफा देखे के मिले ला।[9]

शब्दावली[संपादन करीं]

ई शब्द सुपरमून (SuperMoon) रिचार्ड नोल (Richard Nolle) नाँव के एक ठो ज्योतिषी द्वारा 1979 में ईजाद कइल गइल। आ एकर परिभाषा दिहलें कि:

...a new or full moon which occurs with the Moon at or near (within 90% of) its closest approach to Earth in a given orbit (perigee). In short, Earth, Moon and Sun are all in a line, with Moon in its nearest approach to Earth.[10]

नोल के ईहो कहनाम रहल की चंद्रमा पृथ्वी पर जियोफिजिकल खिंचाव भी डाले ला जब सुपरमून के स्थिति होले। हालाँकि, ऊ ई कब्बो ना बतवलें कि 90% के आंकड़ा कहाँ से आ काहें चुनल गइल।[2]

बैज्ञानिक आ खगोलशास्त्री लोग सुपरमून शब्द के प्रयोग ना करे ला बलुक एकरा के पेरीजी-सिजगी या पेरीजी-फुल मून/न्यू मून के नाँव से पुकारे ला।[11]


ज्वारभाटा पर परभाव[संपादन करीं]

चंद्रमा आ सुरुज के संजुक्त खिंचाव के परिणाम होला, ज्वारभाटा,[12] आ एकर मजबूती सबसे ढेर होला जब कभी पुर्नवासी या अमौसा के स्थिति होला।[13] चंद्रमा के नजदीकी स्थिति, पेरीजी, के समय ज्वार ले आवे वाला बल के परभाव भी कुछ ढेर पड़े ला,[14] जवना के पेरिजियन स्प्रिंग टाइड कहल जाला। हालाँकि, एकर अधिकतम परभाव भी समुंद्र तल में ज्वारभाटा के कारण होखे वाला उतार चढ़ाव में कुछेक इंच भर के अंतर ले आ पावेला।[15]

ज्वारीय बल, न्यूटन के इनवर्स क्यूब नियम के पालन जरूर करे ला आ एही से ई औसत से 19% तक कम-बेसी होला लेकिन ई कौनों डाइरेक्ट परभाव के रूप में ना बदले पावेला आ ज्वार के मात्र पर एही अनुपात में एकर परभाव ना पड़े ला।[प्रमाण देईं]

ई दावा जरूर कइल गइल बाटे की 19 मार्च 2011 में सुपरमून के समय आइल ज्वार में यूके में पाँच गो जहाज बूड़ गइल,[16] बाकि एह दावा के सही साबित करे वाला कौनों परमान नइखे मिलल।

प्राकृतिक आफत[संपादन करीं]

मीडिया द्वारा अइसन सुबहा बतावल गइल बा कि कुछ प्राकृतिक आफत, जइसे कि 2011 के तोहोकू भूकंप आ सुनामी, भारत के 2004 के भूकंप आ सुनामी वगैरह के कारण सुपरमून से जुड़ल बा आ ई घटना सभ ओही एक-दू हप्ता के बीच भइल जब सुपरमून के स्थिति रहल।[17][18] हालाँकि, कि अइसन कौनों प्रमाण नइखे मिलल जवना से ई साबित हो सके कि बड़हन भूकंप सभ आ सुपर मून में कौनों संबंध बाटे।[19][20][21]

फोटो गैलरी[संपादन करीं]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Staff (सितंबर 7, 2014). "Revisiting the Moon". New York Times. Retrieved सितंबर 8, 2014.
  2. 2.0 2.1 Phil Plait. "Kryptonite for the supermoon". Bad Astronomy. Discover. Archived from the original on 2019-10-22. Retrieved अगस्त 29, 2015.
  3. Rachel Rice. "No Link Between 'Super Moon and Earthquakes". Discovery News. Archived from the original on 2011-06-13. Retrieved मार्च 20, 2015.
  4. What is a micromoon? Timeanddate.com, accessed 1 Oct 2015.
  5. "'Supermoon' coincides with lunar eclipse". BBC News. 28 September 2015. Retrieved 29 September 2015.
  6. Meeus, Jean (1997). Mathematical Astronomy Morsels. Richmond, Virginia: Willmann-Bell. p. 15. ISBN 0-943396-51-4.
  7. Plait, Phil (मार्च 11, 2011). "No, the 'supermoon' didn't cause the Japanese earthquake". Discover Magazine. Archived from the original on 2019-10-22. Retrieved 14 मार्च 2011.
  8. Hawley, John. "Appearance of the Moon Size". Ask a Scientist (No publication date). Newton. Retrieved 14 मार्च 2011.
  9. Phillips, Tony, Dr. (मार्च 16, 2011). "Super Full Moon". Science@NASA Headline News. NASA. Archived from the original on मई 7, 2012. Retrieved 22 June 2013.
  10. Nolle, Richard. "Supermoon". Astropro (No publication date; modified मार्च 10, 2011). Retrieved 14 मार्च 2011.
  11. Phillips, Tony (मई 2, 2012). "Perigee "Super Moon" On May 5–6". NASA Science News. NASA. Archived from the original on 2016-11-14. Retrieved 6 मई 2012.
  12. Plait, Phil (2008). "Tides, the Earth, the Moon, and why our days are getting longer". Bad Astronomy (Modified मार्च 5, 2011). Retrieved 14 मार्च 2011.
  13. Sumich, J.L. (1996). "Animation of spring and neap tides". NOAA's National Ocean Service. Retrieved जून 22, 2013.
  14. "Apogee and Perigee of the Moon". Moon Connection (No publication date). Retrieved 14 मार्च 2011.
  15. Rice, Tony (4 मई 2012). "Super moon looms Saturday". WRAL-TV. Retrieved 5 मई 2012.
  16. Andy Bloxham (मार्च 21, 2011). "Supermoon blamed for stranding five ships in Solent". Telegraph.co.uk. Retrieved जून 22, 2013.
  17. Paquette, Mark (मार्च 1, 2011). "Extreme Super (Full) Moon to Cause Chaos?". Astronomy Weather Blog. AccuWeather. Retrieved 14 मार्च 2011.
  18. "Is the Japanese earthquake the latest natural disaster to have been caused by a supermoon?". The Daily Mail. मार्च 11, 2011. Retrieved 14 मार्च 2011.
  19. "Can the position of the Moon affect seismicity?". The Berkeley Seismological Laboratory. 1999. Retrieved 14 मार्च 2011.
  20. Fuis, Gary. "Can the position of the moon or the planets affect seismicity?" (No publication date). U.S. Geological Survey: Earthquake Hazards Program. Retrieved 14 मार्च 2011.
  21. Wolchover, Natalie (मार्च 9, 2011). "Will the मार्च 19 "SuperMoon" Trigger Natural Disasters?". Life's Little Mysteries. Archived from the original on 2011-03-15. Retrieved 15 मार्च 2011.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]