एप्सिस

विकिपीडिया से
1. अपसौर का स्थिति, 2. उपसौर क स्थिति

अपसौर (अंग्रेजी: Aphelion) ओ स्थिति के कहल जाला जब कौनो ग्रह अपनी कक्षा में सूर्य क चक्कर लगावत समय सूर्य से सबसे दूर वाला बिंदु पर रहेला। ए समय ओकर वेग सबसे कम रहेला। अइसन ए वजह से होला कि सारा ग्रह सूर्य क चक्कर दीर्घवृत्ताकार कक्षा में लगावेलें।

उपसौर (अंग्रेजी: Perihelion) ओ स्थिति के कहल जाला जब कौनो ग्रह अपनी कक्षा में सूर्य क चक्कर लगावत समय सूर्य से सबसे नजदीक वाला बिंदु पर रहेला। ए समय ओकर वेग सबसे ढेर रहेला। अइसन ए वजह से होला कि सारा ग्रह सूर्य क चक्कर दीर्घवृत्ताकार कक्षा में लगावेलें।

केपलर की नियम की अनुसार होला।

पृथ्वी अपनी उपसौर की स्थिति में सूर्य से 147,098,074 कि॰मी॰ (0.9832898912 AU) की दूरी पर रहेले आ इ लगभग 3-4 जनवरी के होला। पृथ्वी अपनी अपसौर की स्थिति में सूर्य से 152,097,701 कि॰मी॰ (1.0167103335 AU) की दूरी पर रहेले आ इ लगभग 3-4 जून के होला।

संदर्भ[संपादन करीं]