चनरगरहन
![]() 15 अप्रैल 2014 |
8 अक्टूबर 2014 |
![]() 4 अप्रैल 2015 |
![]() 28 सितंबर 2015 |
चनरगरहन (संस्कृत: चंद्रग्रहण) एक तरह के गरहन हवे जे चंद्रमा, पृथ्वी आ सुरुज के एक सिधाई में आवे पर आ पृथ्वी के छाहीं में चंद्रमा के आ जाए पर लागे ला। अइसन पुर्नवासी के दिन होला, हालाँकि हर पुर्नवासी के गरहन ना लागे ला। कवना पुर्नवासी के चंद्रगरहन लागी ई निर्भर करे ला कि चंद्रमा के नोड सभ के स्थिति का बा, इनहने के भारतीय ज्योतिष में राहु-केतु के रूप में चिन्हित कइल जाला।
जब चंद्रमा पूरा तरीका से पृथ्वी के मुख्य छाहीं - अंब्रा, के अंदर आ जाला तब पूरा चनरगरहन लागे ला, यानी कुछ देर खाती चंद्रमा पूरा तरीका से पृथ्वी के छाहीं से तोपा जाला। एहू दसा में चंद्रमा पूरा गायब भा करिया ना हो जाला बलुक पृथ्वी के वायुमंडल से छितरा के जाए वाली कुछ रोशनी चंद्रमा के सतह पर पड़े ले, एकरे कारण चंद्रमा लाल रंग के लउके ला। एही कारण यूरोपीय देसन में एकरा के रेड मून या ब्लड मून भी कहल जाला।
31 जनवरी 2018 के रात में पूरा चंद्रग्रहण लागल एह दिन सुपरमून, ब्लू मून आ रेड मून, तीनों घटना एकही रात में देखे के मिलल।[1] अगिला गरहन 16 जुलाई 2019।
संदर्भ[संपादन]
- ↑ Trevor Nace. "Brace Yourself: A Supermoon, Blue Moon And Total Lunar Eclipse All In One Night". Forbes.com. पहुँचतिथी 2018-01-11.
![]() | ई खगोल शास्त्र-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |