सरना
सरना भारत के पूरबी हिस्सा में, छोटा नागपुर इलाका आ आसपास के क्षेत्रन के कुछ आदिवासी लोगन के रीत-रेवाज, बिस्वास, आ आध्यात्मिक अउरी धार्मिक सिस्टम हवे। एकरा माने वाला लोग प्रकृति के चीजन में आत्मा के होखल माने वाला आ (एनिमिज्म) हवे आ कई गो पच्छिमी आ भारतीय समाजशास्त्री लोग सरना के अलग किसिम के धरम कहे ला।[1] एह तरीका से ई रहन-सहन आ बिचार-बेहवार के एगो सिस्टम चाहे पंथ हवे। एकरा माने वाला लोग झारखंड राज्य में एकरा के अलगा से धरम (रेलिजन) घोषित करे खातिर माँग क रहल बा, हालाँकि अभिन ले एह लोगन के हिंदू धरम में गिनल जाला। सरना के माने वाला लोग एकर बिरोध करे ला आ हाल में, नवंबर 2020 में, झारखंड बिधान सभा एह लोगन के माँग पर "सरना धर्म कोड" पास कइलस।[2][3]
सरना के माने वाला आ एकरे हिसाब से रहन-सहन में रहे वाला जनजातीय लोग मुख्य रूप से झारखंड राज्य में बा। एकरे अलावा बिहार, पच्छिम बंगाल आ ओडिशा राज्य में ई एह मत के माने वाले लोगन के काफी संख्या बाटे। सरना एह पुरुबी भारत के कई ठे जनजाति सभ में मानल जाला। एह जनजाति सभ में मुंडा, हो, भूमिज, संथाली आ अउरी कई गो जनजाति सभ के लोग बा जे सरना में बिस्वास रखे ला आ एह तरीका से आपन आध्यात्मिक पूजा-पाठ आ परंपरा के पालन करे ला।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ कुमार, बिनय. Perspectives on Indian Society. Retrieved 29 नवंबर 2021.
- ↑ प्रकाश, रवि (18 नवंबर 2020). "क्या आदिवासियों को मिल पाएगा उनका अलग धर्म कोड". बीबीसी हिंदी (हिंदी में). Retrieved 29 नवंबर 2021.
- ↑ केरकेट्टा, जसिंता (13 नवंबर 2020). "सरना धर्म कोड: आदिवासियों को मिलेगी उनकी अपनी पहचान". दि वायर. Retrieved 29 नवंबर 2021.
बाहरी कड़ी
[संपादन करीं]ई संस्कृति-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
ई धर्म-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |