सड़क

विकिपीडिया से
हंगरी में एगो सड़क बनावल जा रहल बा; डामर आ बजरी मिला के बिछावल जाए वाली परत के एस्फाल्ट कहल जाला आ ई बहुत चलनसार तरीका हवे

सड़क (अंग्रेजी: Road; उच्चारण: रोड) जमीन पर बनल रस्ता होला जेकरा के कौनों तरीका से सपाट आ मजबूत बनावल गइल होला ताकि आवागमन में सुबिधा होखे; एह में रेल पटरीहवाई पट्टी नियर चीज के ना गिनल जा सके ला; आमतौर पर पहिया वाला बाहन, जेह में ट्रक से ले के साइकिलबैलगाड़ी ले सामिल बा, के आसानी से चले लायक बनावल रस्ता के सड़क के रूप में जानल जाला। भारतीय संदर्भ में हाइवे से ले के प्रमुख जिला सड़क (एमडीआर) आ अउरी छोटहन पक्की सड़क सभ के एह में शामिल कइल जाला। खाली माटी पाट के भा जमीन के बराबर कइ के बनावल रास्ता सभ के आमतौर पर चकरोड कहल जाला आ अइसन चकरोड सभ पर या गली सभ में ईंटा बिछा के मजबूत कइल रस्ता के खड़ंजा कहल जाला।

अलगा-अलगा देस सभ में सड़क के परिभाषा भी अलगा-अलगा हो सके ला उदाहरण खाती यूनाइटेड किंगडम में सड़क के परिभाषा उहाँ के हाइवे एक्ट के तहत निर्धारित कइल गइल बा। अमेरिका में पब्लिक रोड आ प्राइवेट रोड में अंतर कानूनी तौर पर स्थापित बाटे।

सड़क के प्रकार, एह में मौजूद लेन सभ के संख्या के आधार पर भी निर्धारित कइल जाला।