पुल
Appearance
![](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/1/18/RhB_Ge_4-4_II_Wiesener_Viadukt.jpg/220px-RhB_Ge_4-4_II_Wiesener_Viadukt.jpg)
![](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/5/55/Pont_myc%C3%A9nien_de_Kazarma_2.jpg/220px-Pont_myc%C3%A9nien_de_Kazarma_2.jpg)
पुल चाहे ब्रिज (अंग्रेजी: bridge) अइसन ढाँचा होला जे रस्ता में आवे वाला बेवधान के पार करे खातिर बनावल गइल होला ताकि ऊपर से आवागमन हो सके आ नीचे के चीज भी बाधित न होखे। आमतौर पर पुल कौनों घाटी में, नदी के ऊपर, झील के ऊपर, कौनों दुसरे किसिम के रस्ता के ऊपर बनावल जालें। आदिम काल में छोट जलधारा पार करे खातिर गिरल फेड से काम लिहल जाय, बाद में पुल के निर्माण लकड़ी, पाथर नियन चीजन से होखे लागल आ अब कंक्रीट, लोहा आ केबिल के इस्तेमाल से बड़े-बड़े पुल बनावल जा रहल बाड़ें।
इनहन के बनावे के तरीका के आधार पर अलग-अलग प्रकार में बाँटल जाला।
खाली पैदल चले वाला लोगन के पास होखे खातिर बनावल गइल पुल के पैदल पुल कहल जाला जबकि कौनों रेल लाइन भा सड़क के ऊपर से गुजरे खातिर बनावल गइल पुल सभ के ओभरब्रिज कहल जाला।
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]संदर्भ
[संपादन करीं]![]() | ई लेख कौनो भवन भा बिल्डिंग के बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |