ओभरब्रिज

विकिपीडिया से
वाशिंगटन डी. सी. के पोटोमैक पार्क के लगे एगो ओभरब्रिज।

ओभरब्रिज (अंग्रेजी: overbridge, ओवरब्रिज ) अइसन पुल होखे ला जे सड़क, रेल चाहे अउरी कौनों परिवहन खातिर बनावल जाला जे दुसरे कौनों सड़क भा रेल लाइन के ऊपर से हो के पास होला। एकरा के अमेरिका में ओवरपास (overpass) आ फ़्लाइओवर (flyover) भी कहल जाला जबकि ब्रिटिश आ कॉमनवेल्थ देसन में ओवरब्रिज कहल जाला। एकरे उल्टा रूप के अंडरपास भा सबवे कहल जाला जे दुसरे कौनों सड़क भा रेल लाइन के नीचे से हो के गुजरे।

ओभरब्रिज भारत में आमतौर पर रेलवे लाइन के क्रासिंग पर सड़क के पुल के रूप में बनावल जालें जिनाहना से सड़क के आवागमन रेलवे लाइन के ऊपर से हो के गुजरे ला।