परिवहन

विकिपीडिया से

परिवहन (अंग्रेजी: Transport या Transportation) मनुष्य, जानवर या सामान के कौनों एक जगह से दुसरा जगह ले जइले के कहल जाला। परिवहन के साधन में प्रमुख बा हवाई परिवहन, रेल परिवहन, जहाज परिवहन, सड़क परिवहन। परिवहन के तीन गो पहलू बा: संरचना, गाड़ी/यान, आ संचालन। परिवहन के सभसे प्रमुख उपयोग बाणिज्य-ब्यापार में बा आ एही कारण ई हमेशा से मानव सभ्यता खातिर बहुत महत्व के चीज रहल बाटे।