सई नदी
सई | |
नदी | |
प्रतापगढ़ में बेल्हा भवानी मंदिर के लगे सई नदी
| |
देस | भारत |
---|---|
राज्य | उत्तर प्रदेश |
मुहाना | |
- लोकेशन | गोमती नदी, जौनपुर जिला, भारत |
लंबाई | 600 किमी (373 मील) |
सई नदी भारतीय राज्य उत्तर प्रदेश में बहे वाली, लगभग 600 किलोमीटर लमहर, नदी बा जे हरदोई जिला के एगो ताल से निकल के जौनपुर जिला में गोमती नदी में मिल जाले।[1] अपना लमहर रस्ता में सई नदी उत्तर प्रदेश के कई गो जिला सभ से गुजरे ले जइसे कि उन्नाव आ लखनऊ जिला के बीचा के सीमा बनावे ले, आ रायबरेली, प्रतापगढ़ आ जौनपुर से हो के बहे ले। एकर मुख्य सहायक नदी सभ में भैंसही, बकुलाही, सरकनी आ लोनी बाड़ी सऽ।
सई नदी के पौराणिक महत्व भी बा, मान्यता अनुसार रावण से जुद्ध के गलती सभ खातिर राम अजोध्या लावटत समय एही सई नदी में नहा के अपना के पबित्र कइलेन; जबकि वर्तमान में एह नदी के ऊपर संकट आ गइल बा आ ई गंदा नाला बने के कगार पर बा।[2]
संदर्भ[संपादन करीं]
- ↑ विनीता कुमारी, गिरधारी लाल चौरसिया. Study of Water Quality Status of Sai River in Uttar-Pradesh With Reference to Water Quality Index Assessment. International Journal of Innovative Research in Science, Engineering and Technology. भाग 4, अंक 1. जनवरी 2015
- ↑ "राम को पवित्र करने वाली सई नदी के अस्तित्व पर खतरा". Jagran.com. 2014-06-07. Retrieved 2017-05-03.
![]() | ई लेख उत्तर प्रदेश के कौनों जगह से संबंधित एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
![]() | ई लेख कौनो नदी के बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |