संचार

विकिपीडिया से

संचार भा कम्यूनिकेशन (Communication) आपस में सूचना या जानकारी के आदान-प्रदान के कहल जाला। ई एक ठो प्रक्रिया हवे जवना में दू या दू से अधिक लोग भाग लेला आ उद्देश्यपूर्वक संदेश भेजे आ प्राप्त करे ला जवना के आवागमन एगो साझा सिस्टम के अन्दर होला। एह संचार सिस्टम के रचना कुछ निश्चित चीन्हा, संकेत आ संकेतार्थ के नियम पर आधारित होखे ला। संचार में मुख्य स्टेप होलें - संचार के बिसय-सामग्री के निर्धारण, संदेश के रचना, संदेश के एनकोडिंग, संकेत के प्रेषण, संकेत के ग्रहण, संदेश डिकोडिंग, प्राप्तकर्ता द्वारा संदेश के समझल।