शेरधन राई

विकिपीडिया से
Jump to navigation Jump to search
शेरधन राई
Sherdhan Rai.jpg
1लका प्रदेश संख्या 1 के मुख्यमंत्री
पद पर मौजूद
पदभार लिहल गइल
14 फरवरी 2018
इनसे पहिले खुदे
सूचना आ संचार मंत्रालय (नेपाल)
इनसे पहिले मिनेन्द्र रिजाल
इनके बाद राम कार्की
पद पर रहलें
5 नवम्बर 2015 – 14 अगस्त 2016
निजी जानकारी
जनम 23 फरवरी 1971
पसलभन्जयांग, थिदिंखा, भोजपुर, नेपाल
राजनीतिक पार्टी नेकपा (माले)
प्रोफेशन राजनीतिज्ञ

शेरधन राई नेपाल के एगो राजनीतिज्ञ आ राजनीतिक नेता हवन। उहाँ के वर्तमान में प्रदेश संख्या 1, पूरबी नेपाल में स्थित एगो प्रदेश के मुख्यमंत्री बानी। उहाँ के 2रका नेपाली संविधान सभा के सदस्य भी रहल बानी। उहाँ के नेपाली संविधान सभा के निर्वाचन, 2013 में नेपाली कम्युनिस्ट पार्टी (मार्क्सवादी-लेनिनवादी) पार्टी की ओर से भोजपुर–2 सीट जीतले रहनी।[1][2][3]. उहाँ के प्रदेश संख्या 1 के संसदीय पार्टी नेता बानी आ 9 फरवरी, 2018 के संसदीय पार्टी नेता के रूप में चुनल गईल रहनी।[4] राई प्रदेश संख्या 1 के मुख्यमंत्री के तवर पे 14 फरवरी 2018 के चुनल गइनी।[5] उहाँ के पहिले सूचना आ संचार मंत्री रह चुकल बानी। उहाँ के नेपाल के संविधान के धारा 168(1) के तहत मुख्यमंत्री पद पर निर्वाचित भइनी।[5]

पहिले के जिनगी[संपादन]

श्री शेरधन राई जी के जनम पसलभञ्ज्याङ, थिन्दिंखा (भोजपुर जिला) जवन पहिले नेपाल के पूर्वांचल विकास क्षेत्र में पड़त रहल में एगो किसान परिवार के घर में भईल रहल। उनकर माता-पिता के नाम श्री जागीरमान राई आ श्रीमती राम्री माया राई ह। उनके पिता जी पंचायत काल में गांव के मुखिया पद पर निर्विरोध तीन बार चुनल गईले। नेपाल में लोकतंत्र लागू भइला के बाद उहाँ के दु बार गांव के मुखिया पद पर निर्विरोध चुनल गईनी।[6]

संदर्भ[संपादन]

  1. "MyRepublica :: Election Special". MyRepublica.com. पहुँचतिथी 1 August 2014.
  2. "Nepalnews.com - News from Nepal as it happens :: Elected Members". Nepalnews.com. पहुँचतिथी 1 August 2014.
  3. "Election Candidate - Sher Dhan Rai". Ujyaaloonline.com. पहुँचतिथी 1 August 2014.
  4. "Sherdhan Rai elected as CPN-UML PP leader". The Himalayan Times. पहुँचतिथी 9 February 2018.
  5. 5.0 5.1 "Sherdhan Rai elected CM of Province 1". kathmandupost.ekantipur.com. 14 February 2018. पहुँचतिथी 15 February 2018.
  6. "Interview with Sherdhan Rai". ecanadanepal.com. 22 April 2016. पहुँचतिथी 15 February 2018.