शजरा
Jump to navigation
Jump to search
शजरा भारत आ पाकिस्तान में इस्तमाल होखे वाला एक तरह के कानूनी दस्तावेज हवे। ई कौनों गाँव के जमीन के नक्शा होला जेह में जमीन के कई छोट-छोट टुकड़ा में बाँट के हर एक के एक ठो नंबर दिहल गइल रहे ला।
शजरा के खसरा के साथ मिला के देखल जाला। खसरा में हर नंबर के रकबा, मिल्कियत, फसल इत्यादि के जानकारी रजिस्टर के रूप में दर्ज होले। ई पड़ताल के काम आ रजिस्टर में दर्ज करे के काम पटवारी करे ला।
केहू परिवार के मुखिया के सगरी खसरा सभ के एकट्ठा जानकारी के खतौनी कहल जाला।
![]() | ई कानून से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |