भूलेख
भूलेख (Land records) जमीन के मलिकाई के हक संबंधी दस्तावेज होखे लें। अधिकतर जगहन पर जमीन के रेकार्ड तक पहुँच बनावे वाला डिजिटल पोर्टल सभ के भूलेख नाँव दिहल गइल बाटे। मुख्य रूप से ई गाँव के खसरा आ खतौनी सभ के ऑनलाइन देखे आ आपन रेकार्ड डाउनलोड करे के कामे आवे लें। एह पोर्टल सभ के सुबिधा के बा लोगन के अब अपना जमीन के रेकार्ड देखे, हासिल करे खाती लेखपाल के लगे ना जाए के पड़े ला आ लोग कौनों जन सेवा केंद्र से ई रेकार्ड डाउनलोड क सके ला।
भूलेख शब्द दू गो शब्दन के जोड़ हवे: 'भू' माने जमीन, आ 'लेख' माने लिखल दस्तावेज भा रेकार्ड।[1] लेख शब्द 'अभिलेख' के छोट कइल रूप हवे।
बिगबिबरन
[संपादन करीं]डिजिटल होखे से पहिले, जमीन के दस्तावेज मैनुअल तरीका से रखल जायँ। इनहन के हासिल करे खातिर संबंधित बिभाग में अर्जी देवे के पड़े आ ई समय लेवे वाला काम रहल। भारत सरकार द्वारा 2008 में नेशनल लैंड रेकार्ड्स मॉडर्नाइजेशन प्रोग्राम (NLRMP) शुरू कइल गइल जेकर मकसद जमीन के रेकार्ड सभ के डिजिटल बनावल आ उनहन के आधुनिकीकरण कइल रहे। बाद में एह प्रोग्राम के डिजिटल इंडिया लैंड रेकार्ड मॉडर्नाइजेशन प्रोग्राम (DILRMP) के नाँव से जानल गइल।[1][2] ज्यादातर राज्यन के जमीन रेकार्ड एही ब्यवस्था के तहत सभका के आसानी से उपलब्ध करावल जा रहल बाने।
उदाहरण खातिर उत्तर प्रदेश में भूलेख के सुरुआत 2 मई 2016 भूलेख पोर्टल के रूप में कइल गइल।[3] एही तरीका से दिल्ली राज्य में एकरा के 'इंद्रप्रस्थ भू-लेख' के नाँव दिहल गइल बाटे। छत्तीसगढ़ भूमि नक्शा खसरा जाँच करने के लिए सरकार की वेबसाइट भुइयाँ का इस्तेमाल किया जाता है।
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]संदर्भ
[संपादन करीं]- 1 2 "Bhulekh Odisha ଭୁଲେଖ ଓଡିଶା: Land Records ROR Apply Orissa Bhu Naksha". Nvshq.org. 28 सितंबर 2022. Retrieved 16 मार्च 2023.
- ↑ Sharma, Shantanu Nandan (28 मई 2022). "Digitizing land records in India: Centre's challenge to alleviate concerns around it and bring states on board". The Economic Times. Retrieved 16 मार्च 2023.
- ↑ उद्धरण खराबी:Invalid
<ref>tag; no text was provided for refs named "BhulekhUP".
बाहरी कड़ी
[संपादन करीं]| विकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया भूलेख पर मौजूद बा। |
- Bhulekh Archived 2025-05-31 at the Wayback Machine , उत्तर प्रदेश भुलेख पोर्टल की और अधिक जानकारी
- भारत सरकार के ई सर्विस, सगरी राज्यन के लोकल वेबसाइट ले एहिजे से चहुँपल जा सके ला
- India - Land administration modernization, बिस्व बैंक के एगो रपट