Jump to content

शिव

विकिपीडिया से
(शंकर से अनुप्रेषित)
शिव
शिव के मूर्ती के रूप में निरूपन
देवनागरीशिव
संबंधित बाड़ेब्रह्म (शैव मत), त्रिमूर्ति, देव
धामकैलास परबत
मंत्रॐ नमः शिवाय
हथियारत्रिशूल
चीन्हाशिवलिंग
सवारीनंदी
तिहुआरशिवराति, सावन के महीना
Personal information
Consortसती, पार्वती[1]
संतानगणेशकार्तिकेय
क्षेत्रीय: अय्यपन (ऐय्यनार, शास्ता),

शिव चाहे शंकर (भोजपुरी में अक्सरहा होखे वाला उच्चारण संकर) एगो प्रमुख हिंदू देवता हवें। हिंदू धर्म में शिव के बिष्णुब्रह्मा के साथे त्रिमूर्ति के रूप में पूजल जाला जबकि हिंदू धरम की शैव मत में इनके सभसे बड़हन देवता आ साक्षात ईश्वर के रूप मानल जाला। त्रिदेव के रूप में, इनके बिनास भा संहार के देवता भी मानल जाला जबकि ब्रम्हा के रचना आ बिष्णु के पालन के देवता मानल जाला।

वैदिक साहित्य में इनके रूप रूद्र नाँव के देवता में देखल जाला हालाँकि, कुछ बिद्वान लोग शिव के पूजा वैदिक युग से पहिले से होखत माने ला। शैव मत के परभाव काश्मीर आ दक्खिन भारत में खासतौर से देखे के मिले ला। एकरे अलावा जहाँ-जहाँ शक्ति के उपासना के जोर बा ओह इलाका सभ में भी शिव के पूजा महत्व के चीज हवे।

हिंदू देवता गणेशकार्तिकेय के पिता जी आ माता पार्वती के पति बतावल जालें। पुराण सभ के जुग के, शिव से जुड़ल प्रमुख ग्रंथ शिव पुराण हवे।

  1. David Kinsley 1988, p. 50, 103–104.