वीरेन्द्रनगर
वीरेन्द्रनगर
वीरेन्द्रनगर दोवनचौर | |
|---|---|
सुर्खेत घंटाघर | |
| Lua error in Module:Location_map at line 614: Unable to find the specified location map definition: "Module:Location map/data/Nepal Karnali Pradesh" does not exist. | |
| Coordinates: 28°36′N 81°38′E / 28.600°N 81.633°Eनिर्देशांक: 28°36′N 81°38′E / 28.600°N 81.633°E | |
| देश | नेपाल |
| प्रांत | कर्णाली प्रदेश |
| जिला | सुर्खेत जिला |
| स्थापित | 2033 विक्रम संवत (1976 ई.) |
| Government | |
| • मेयर | देव कुमार सुबेदी (नेपाली कांग्रेस) |
| • उप मेयर | मोहनमाया ढकाल (नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी) |
| Population (2011) | |
• Total | 47,914 |
| Time zone | UTC+5:45 (नेपाल मानक समय) |
| डाक कोड | 21700 |
| Area code | 083 |
| Website | birendranagarmun.gov.np |
नेपाल के सन् 2001 के जनगणना के अनुसार वीरेन्द्रनगर नगरपालिका के कुल जनसंख्या 49,381 बा। एह में 51 प्रतिशत पुरुष आ 49 प्रतिशत महिला बा लोग।
वीरेन्द्रनगर, नेपाल के सुर्खेत घाटी के सुर्खेत जिला में पड़े ला। ई शहर मध्य-पश्चिमांचल विकास क्षेत्र के मुख्यालय आ सुर्खेत जिला के भी मुख्यालय (सदरमुकाम) ह। एह नगर के नामकरण स्वर्गीय राजा वीरेन्द्र के नाम पर भइल बा। राजा वीरेन्द्र द्वारा ही सुर्खेत घाटी में मलेरिया के उन्मूलन भइला पर वीरेन्द्रनगर शहर के परिकल्पना कइल गइल रहे। वर्तमान में वीरेन्द्रनगर पश्चिम नेपाल के एगो प्रमुख वाणिज्य केंद्र आ शिक्षा-स्वास्थ्य के केंद्र बन गइल बा।
वीरेन्द्रनगर नगरपालिका में वर्तमान में लगभग पचास हजार के आसपास लोग निवास करे ला। एकरा साथ ही नेपाल में भइल गृहयुद्ध वीरेन्द्रनगर के आप्रवासी लोग के शहर बना दिहलस काहें से कि लगे के पहाड़ी जिला सभ से माओवादी युद्ध पीड़ित लोग पलायन कर के इहाँ आ के बस गइल। एह नगरपालिका में कुल 12 गो वार्ड बा। इहाँ के टेलीफोन कोड 083 ह। वीरेन्द्रनगर के देश के प्रमुख जगह सभ से जोड़े के काम रत्न राजमार्ग करे ला जवन कोहलपुर में महेंद्र राजमार्ग से जुड़े ला, जेकरा माध्यम से वीरेन्द्रनगर बुटवल, भरतपुर, हेटौडा, काठमांडौ, धरान, बिराटनगर नियर शहर सभ से जुड़ल बा। ओइसहीं हाल ही में बनल कर्णाली राजमार्ग दैलेख जिला के साथे कर्णाली अंचल के कालीकोट, जुम्ला वगैरह जिला सभ के वीरेन्द्रनगर से जोड़े ला। दांग घाटी से सल्यान होत सुर्खेत पहुँचे वाला कच्ची सड़क तुलसीपुर आ त्रिभुवननगर से जुड़ल बा। नव निर्मित जाजरकोट सड़क जाजरकोट के सदरमुकाम आ रुकुम के चौरजहारी से जोड़े ला। वीरेन्द्रनगर में आधुनिक संचार के साधन जइसे कि ईमेल, इंटरनेट, पोस्टपेड आ प्रीपेड मोबाइल, लोकल फोन, एसटीडी आ आईएसटीडी नियर सगरी सुविधा उपलब्ध बा।
वीरेन्द्रनगर में मध्य-पश्चिमांचल क्षेत्रीय अस्पताल, एगो जिला अस्पताल आ एगो नेत्र उपचार केंद्र सरकारी नियंत्रण में संचालित बा, बाकी कुछ निजी स्वास्थ्य संस्था भी इहाँ बा। कई गो माध्यमिक आ प्राथमिक विद्यालय वाला वीरेन्द्रनगर में सुर्खेत बहुमुखी कैंपस, वीरेन्द्रनगर बहुमुखी कैंपस आ सामुदायिक चिकित्सा कैंपस मुख्य शैक्षिक संस्थान हवें। सरकार वीरेन्द्रनगर में मध्य-पश्चिमांचल विश्वविद्यालय बनावे खातिर कार्यदल के गठन कइले बा। वीरेन्द्रनगर के लोग के मुख्य पेशा व्यापार, नौकरी आ खेती-किसानी बा।
| ई नेपाल के भूगोल-संबंधी लेख कौनों जगह या क्षेत्र के बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |