विशेषण

विकिपीडिया से
उदाहरण
  • करिया कुक्कुर दउरत बा। (गुणवाचक)
  • लमहर लइका खेलत बाटे। (गुणवाचक)
  • चार गो अदिमी आवत बाड़न। (निश्चित संख्यावाचक)
  • थोरिके खाना खइहऽ। (अनिश्चित परिमाणवाचक)
  • अइसन किताब कहीं ना मिली। (सार्वनामिक)
  • ओइसन लइका ना देखलीं। (सार्वनामिक)

विशेषण (अंग्रेजी: adjective) अइसन शब्द होला जे कौनों संज्ञा चाहे संज्ञा वाक्यांश के बिसेसता बतावे ला। एकर अर्थबिज्ञान वाला भूमिका ई होखे ला कि ई संज्ञा द्वारा दिहल जा रहल जानकारी के बदले ला।

परंपरागत रूप से अंग्रेजी व्याकरण में एकरा के एडजेक्टिव कहल जाला आ ई मुख्य पार्ट ऑफ़ स्पीच (शब्द-भेद) सभ में गिनल जाला, हालाँकि इतिहासी रूप से एकरा के संज्ञा के साथहूँ बर्गीकृत कइल जाय। आज्काल्ह कुछ शब्द जे आमतौर प विशेषण में गिनल जायँ, जइसे कि दि, दिस, माय, वगैरह, अब इनहन के अलगा से डेटरमाइनर के रूप में चिन्हित कइल जाला।