क्रिया

विकिपीडिया से

क्रिया (अंग्रेजी: verb; वर्ब - लैटिन भाषा से, अरथ "शब्द") वाक्य में अइसन शब्द होला जे कौनों काम होखे (आइल, गइल, पढ़ल, खाइल), कौनों स्थिति; चाहे कौनों चीज के भइल, होखल बतावे ला।

संस्कृत व्याकरण में क्रिया पद सभ के तिङन्त कहल जाला - ई मूल धातु सभ में तिङ् प्रत्यय लगा के बने लें।[1] जइसे "पठ्" मूल धातु हवे आ एह में प्रत्यय लगा के "पठति", "पठतः", "पठन्ति" नियर रूप बने लें।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. तिवारी, भोलानाथ (2012). भाषा विज्ञान प्रवेश एवं हिंदी भाषा (हिंदी में). किताबघर प्रकाशन. p. 183. ISBN 978-81-89859-42-8. Retrieved 21 मई 2023.