प्रीपोजीशन आ पोस्टपोजीशन

विकिपीडिया से

प्रीपोजीशनपोस्टपोजीशन (अंग्रेजी: preposition and postposition) अइसन किसिम के शब्द होलें जे जगह भा समय के संबंध बतावे लें (भोजपुरी में - में, पर, भीतर, आगे, पाछे; अंग्रेजी में इन, इन्टू, अपॉन, बिफोर, आफ्टर वगैरह) चाहे अर्थ आधारित (सिमेंटिक) रोल वाला (ने, के, खातिर, ऑफ़, फ़ॉर वगैरह) होखे लें। परंपरागत व्याकरण में, अंग्रेजी में इनहन के प्रीपोजीशन कहल जाला, हालाँकि ई हमेशा पहिलहीं आवें अइसन ना बाटे; आ हिंदी व्याकरण में इनहन के संबंधवाचक भा संबंधसूचक कहल जाला, हालाँकि ई हमेशा संबंध बतावें अइसनो ना बा (जइसे, ने एक किसिम के पोस्टपोजीशन हवे जे कर्ता कारक के बिभक्ति के रूप में इस्तेमाल होला)। आजुकाल्ह के भाषा बिज्ञान में इनहन के एडपोजीशन (adpositions) कहल जाला।