विकिपीडिया:बहुअर्थी-शब्द स्पष्टीकरण

विकिपीडिया से
(विकिपीडिया:Disambiguation से अनुप्रेषित)

बहुअर्थी-शब्द स्पष्टीकरण के जरूरत तब पड़े ले जब एकही शब्द के कई अरथ होखे आ हर अरथ वाला बिसय पर लेख लिखे के होखे। अइसन दसा में ओह शब्द भा नाँव के एक ठो अइसन पन्ना बना दिहल जाला जेवना में ओह शब्द के सगरी अलग-अलग अरथ वाला बिसय के लिस्ट होला। उदाहरण खातिर "जमुना" शब्द के एक ठो अरथ "यमुना नदी" होखी, बांग्लादेश में गंगा नदी के एक ठो धारा के भी "जमुना" कहल जाला, नैपाल में एक ठो गाँव के नाँव भी जमुना बाटे; एही से एक ठो पन्ना जमुना (बहुअर्थी) बना के रखल बाटे जेवना में अइसन सगरी बिसय सभ पर बनल लेखवन के लिस्ट बाटे जेवना के जमुना शब्द से पहिचान होखे। जब केहू जमुना शब्द खोजी तब आसानी से अपनी मतलब के बिसय पर बनल पन्ना पर पहुँच जाई।


बाहरी कड़ी[संपादन करीं]

  • Wiki ViewStats, a Tool labs tool that shows global and per language / project traffic statistics with disambiguation support.