लुडविग वॉन बेथोवेन
लुडविग वॉन बेथोवेन | |
---|---|
![]() Portrait by Joseph Karl Stieler, 1820 | |
जनम | बॉन |
बपतिस्मा | 17 दिसंबर 1770[1] |
निधन | 26 मार्च 1827 वियना | (उमिर 56)
दसखत | |
![]() |
लुडविग वॉन बेथोवेन (लुदविग वॉन बॆथोवॆन - Ludwig van Beethoven, German: [ˈluːtvɪç fan ˈbeːtˌhoːfn̩] ( सुनल जाय); बपतिस्मा 17 दिसंबर 1770[1] – 26 मार्च 1827) एगो जर्मन संगीतकार (कंपोजर) आ पियानो बजावे वाला रहलें। पच्छिमी संस्कृति के क्लासिकल जुग आ रोमांटिक जुग के बीचा में बदलाव के दौर के ई संगीतकार अपना रचना सभ खातिर अभिन ले सभसे परभावशाली लोग में गिनल जालें। इनके रचना में 9 गो सिंफनी, 5 पियानो कंसर्टो, 1 वायलिन कंसर्टो, 32 पियानो सोनाटा, 16 स्ट्रिंग क्वार्टेट आ इनके रचना मीसा सोलेमिस अउरी एक ठो ऑपेरा फिदालियो शामिल बाड़ें।
इनके जनम तत्कालीन पबित्र रोमन साम्राज्य (होली रोमन एंपायर) के कोलोन इलेक्ट्रेट के बॉन्न शहर में भइल।
नोट[संपादन करीं]
संदर्भ[संपादन करीं]
Page टेम्पलेट:Reflist/styles.css has no content.
![]() | ई जीवनी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |