लिबर्टी दीप

विकिपीडिया से
लिबर्टी दीप
Liberty Island
लिबर्टी दीप पर स्टैच्यू ऑफ लिबर्टी
लोकेशनऊपरी न्यू यॉर्क खाड़ी
रकबा14.717 एकड़ (59,560 मी2)
गवर्निंग बॉडीयू॰एस॰ नॅशनल पार्क सर्विस
शामिल
  • 15 अक्टूबर 1924
  • 7 सितंबर 1937[1]
Designated by
Official name: स्टैच्यू ऑफ लिबर्टी नेशनल मॉन्यूमेंट, एलिस दीप आ लिबर्टी
Designated15 अक्टूबर 1966
Reference no.66000058
Designated27 मई 1971
Reference no.1535[2]
TypeIndividual
Designated14 सितंबर 1976

लिबर्टी दीप (अंग्रेजी: Liberty Island; लिबर्टी मने आजादी भा स्वतंत्रता; पूरा अर्थ होखी "आजादी के टापू") अमेरिका के संघीय सरकार के मालिकाना में, ऊपरी न्यू यॉर्क खाड़ी में मौजूद एगो दीप बाटे जेकरा के स्टैच्यू ऑफ लिबर्टी खातिर जानल जाला। ई दीप पूरा तौर पर जर्सी शहर, न्यू जर्सी के जलक्षेत्र में बाटे बाकी ई न्यूयॉर्क शहर के हिस्सा हवे। एकरा के पहिले बेडलो दीप (Bedloe's Island) कहल जाय, 1956 में एगो अधिनियम पारित कइ के एकर नाँव बदलल गइल। 1937 में, दावा संख्या 2250, जे राष्ट्रपति फ्रेंकलिन डी रूजवेल्ट द्वारा प्रस्तुत कइल गइल, ई स्टैच्यू ऑफ लिबर्टी नेशनल मॉन्यूमेंट के हिस्सा बनल आ 1966 में,[3] इतिहासी स्मारक सभ के राष्ट्रीय रजिस्टर में स्टैच्यू ऑफ लिबर्टी नेशनल मॉन्यूमेंट, एलिस दीप आ लिबर्टी दीप के रूप में दर्ज भइल।[4]

भूगोल आ पहुँच[संपादन करीं]

सिक्का डाल के मिले वाला दूरबीन। इहाँ से न्यूयॉर्क बंदरगाह के पैनोरमा (एक छोर से दूसरे ओर ले) के सीन देखल जा सके ला।

यूनाइटेड स्टेट्स जनगणना ब्यूरो के अनुसार दीप के कुल रकबा 59,558 बर्ग मीटर, भा 14.717 एकड़ बाटे, आ ई संघ सरकार के सम्पति हवे। लिबर्टी दीप ऊपरी न्यूयॉर्क खाड़ी में जर्सी शहर आ हडसन काउंटी के जलक्षेत्र में बाटे। ई न्यूयॉर्क के मैनहट्टन बरो के दीप हवे।[5] एह तरीका से देखल जाय तब ई न्यूयॉर्क के ऍक्सक्लेव हवे।

लिबर्टी दीप से देखले पर पैनोरमा, जहाँ मैनहट्टनजर्सी सहर देखात बाटे।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Proclamation 2250: Enlarging the Statue of Liberty National Monument New York". Code of Federal Regulations: Title 3—The President 1936–1938 Compilation. National Archives and Records Service, General Services Administration. 1968. pp. 120–121.
  2. "New Jersey and National Registers of Historic Places - Hudson County". New Jersey Department of Environmental Protection - Historic Preservation Office. Retrieved 2 अगस्त 2014.
  3. "Early History of Bedloe's Island". Statue of Liberty Historical Handbook. National Park Service. Retrieved 2010-08-19.
  4. Sutherland, Cara A. (2003). The Statue of Liberty. New York: Barnes & Noble Books. ISBN 0760738904. Retrieved 18 June 2016.
  5. Hudson County New Jersey Street Map. Hagstrom Map Company, Inc. 2008. ISBN 0-88097-763-9.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]