राम की शक्ति पूजा

विकिपीडिया से

राम की शक्ति पूजा सूर्यकांत त्रिपाठी 'निराला' के हिंदी भाषा में रचल एगो कबिता ह। एह में रामकथा के राम-रावण जुद्ध के एगो प्रसंग के बर्णन कइल गइल बा - जुद्ध में रावण पर बिजय पावल राम खातिर कठिन हो रहल बा काहें से कि रावण शक्ति स्वरूपा देवी के आराधन क के उनुका के अपना पक्ष में क लिहले बाड़ें आ राम के सगरी अस्त्र देवी ब्यर्थ क दे रहल बाड़ी; सीता के उद्धार के चिंता में राम हताश हो जात बाड़ें; राम के शक्ति के पूजा करे के सलाह जाम्बवान देत बाड़ें आ राम पूजा क के देवी शक्ति से बिजय के आशीर्बाद प्राप्त करत बाड़ें।

कबिता अपना भाषा, छंद आ कथा के बिसेस कोण खातिर परसिद्ध हवे।

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]