रजनीश
रजनीश | |
|---|---|
चंद्र मोहन जैन (रजनीश) | |
| जनम | चंद्र मोहन जैन 11 दिसंबर 1931 |
| निधन | 19 जनवरी 1990 (aged 58) पुणे, महाराष्ट्र, भारत |
| परसिद्धि | अध्यात्म, रहस्यवाद |
| परसिद्ध काम | 600 से ढेर प्रवचन (किताब के रूप में कई भाषा में छपल) |
| आंदोलन | जीवन जागृति आंदोलन; नियो-सन्यासी |
ओशो, (जनम नाँव: चंद्र मोहन जैन; 11 दिसंबर 1931 – 19 जनवरी 1990) भा भगवान श्री रजनीश एगो भारतीय गुरु आ अपना के बुद्धत्व प्राप्त भगवान होखे के बात कहे वाला ब्यक्ति रहलें। इनके रजनीश आंदोलन के सुरुआत करे, प्रखर वक्ता आ समाजवाद, महात्मा गाँधी आ रूढ़िवादी हिंदू धर्म के आलोचक के रूप में जानल जाला। इनका जीवन काल में इनके पहिचान एगो रहस्यवादी, गुरु, आध्यात्मिक शिक्षक के रूप में रहल। ब्यापक तौर पर भारत में भ्रमण का के प्रवचन दिहलें आ सुरुआत में, सेक्स के प्रति इनके ढेर खुला बिचार के कारण इनके सेक्स गुरु के दर्जा दिहल गइल हालाँकि, बाद में इनके बिचार के अधिका स्वीकृति मिलल।
इनका जिनगी में कई तरह के बिबाद भइल। अमेरिका में इनके आश्रम खोले के बाद भइल बिबाद में इनका पर 1984 के "रजनीशी बायोटेरर हमला" के आरोप लागल आ कई देस सभ में इनके घुसल प्रतिबंधित क दिहल गइल। बाद में ई पुणे में आपन आश्रम में लवट के आ गइलें। 1990 में एही जे इनके निधन भइल। अब एह आश्रम में ओशो इंटरनेशनल मेडिटेशन रिजार्ट के नाँव से जानल जाला।
संदर्भ
[संपादन करीं]| ई जीवनी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |