Jump to content

मौसमी फ्रंट

विकिपीडिया से
Approaching weather fronts are often visible from the ground, but are not always as well defined as this.

मौसमी फ्रंट (Weather front) एक किसिम के बाउंड्री चाहे सीमा होला जे अलग-अलग किसिम के हवा घनत्व, हवा बहाव, तापमान आ नमी वाली हवा राशि सभ के एक दुसरे से अलगा करे ला। उदाहरण खातिर कोल्ड फ्रंट के कौनों जगह से गुजरे पर झंझावात आ कपासी बरखा बादर वाली बरखा हो सके ले चाहे स्क्वल लाइन एकरा पहिले आवे ले, जबकि वार्म फ्रंट (गरम फ्रंट) के आवे पर इनहन के पहिले परतदार बादर वाली बरखाकुहेसा आ सके ला। यूरोपीय आ अमेरिकी संदर्भ में गर्मी के सीजन में नमी के अलगाव वाला मामूली फ्रंट सीमा से ख़राब मौसम आ सके ला। कुछ फ्रंट बिना बरखा के होखे लें आ कम बदरी वाला होखे लें, हालाँकि इनहन के साथे हवा बहाव के दिसा जरूर बदले ले।