मेसियर 78

विकिपीडिया से
मेसियर 78
रिफ्लेक्शन नेबुला
ला सिला बेधशाला के 2.2-मीटर दूरबीन से लिहल फोटो
बेध आँकड़ा: J2000.0 जुग
दहिना एस्सेंसन05h 46m 46.7s[1]
डिक्लाइनेशन+00° 00′ 50″[1]
दूरी1,350 प्रकाशवर्ष (415 pc)[2] ly
अपेरेंट मैग्नीट्यूड (V)8.3
अपेरेंट डाइमेंशन (V)8′ × 6′
नक्षत्रमंडलओरायन नक्षत्रमंडल
भौतिक लच्छन
रेडियस5 ly
नोट करे जोगओरायन समूह के हिस्सा
अउरी नाँवCed 55u, DG 80, IRAS 05442-0000, [KPS2012] MWSC 0664, NGC 2068[1]
इहो देखल जाय: नेबुला सभ के लिस्ट

मेसियर 78 (अंग्रेजी: Messier 78) चाहे एम78, जेकरा के एनजीसी 2068 के नाँव से भी जानल जाला, ओरायन नक्षत्रमंडल में एगो रिफ्लेक्शन नेबुला बाटे। एकर खोज १७८० में पियरे मिशीं नाँव के फ्रांसीसी खगोलशास्त्री कइले रहलें आ ओही साल ई चार्ल्स मेसियर द्वारा उनके कैटेलाग में पुच्छल तारा-नियर चीज सभ के श्रेणी में दर्ज कइल गइल।[3]

एम78 नेबुला सभ के ओह समूह के सभसे चमकदार नेबुला हवे जेह में एनजीसी 2064, एनजीसी 2067एनजीसी 2071 शामिल बाड़ें। ई समूह ओरायन बी मॉलिक्यूलर क्लाउड कॉम्प्लेक्स के हिस्सा हवे आ पृथिवी से करीबन 1,350 प्रकाश-बरिस के दूरी पर बा।[2] M78 के छोटहनो दूरबीन से आसानी से देखल जा सके ला आ अइसन दूरबीन सभ से इंटरनेट एगो धुंध वाला चकती नियर लउके ले आ दू गो तारा एकरे साथे देखलाई पड़ें लें जिनाहन के आभासी मैग्नीट्यूड १०वाँ आ ११ वाँ हवे। ई दूनो बी-प्रकार के तारा HD 38563 AHD 38563 B के रोशनी के चलते एम78 में मौजूद धूर प्रकाशित होला आ एही रिफ्लेक्शन से ई नेबुला के उजास बने ला।[4]

एम78 के बदरी में अइसन तारा समूह बाड़ें जे इंफ्रारेड बैंड में फोटो लिहले पर देखलाई पड़े लें।[2] गुरुत्वाकर्षण के चलते एह नेबुला में मॉलिक्यूलर गैस सभ कई गो टुकड़ा में गुठली नियर बन गइल बाड़ें,[2] आ इनहन के घन कोर सभ में M तक ले के नया तारा सभ के उत्पत्ती होखे के संभावना बा।[5] लगभग 45 गो T Tauri प्रकार के वैरियेबल तारा सभ जे नौनिहाल तारा बाड़ें आ अभिन निर्माण के दौर में बाड़ें,[6] एह नेबुला के हिस्सा बाड़ें। एही तरीका से 17 गो हर्बिग-हारो पिंड सभ के पता एम78 में लागल बाटे।[7]

फोटो गैलरी[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. 1.0 1.1 1.2 "M 78". SIMBAD. Centre de données astronomiques de Strasbourg. Retrieved 2016-02-14.
  2. 2.0 2.1 2.2 2.3 Walker-Smith, S. L.; Richer, J. S.; Buckle, J. V.; Smith, R. J.; Greaves, J. S.; Bonnell, I. A. (March 2013), "The structure and kinematics of dense gas in NGC 2068", Monthly Notices of the Royal Astronomical Society, 429 (4): 3252–3265, arXiv:1212.2018, Bibcode:2013MNRAS.429.3252W, doi:10.1093/mnras/sts582.
  3. Frommert, Hartmut; Kronberg, Christine (9 October 2018), "Messier 78", SEDS Messier pages, Students for the Exploration and Development of Space (SEDS), retrieved 2018-12-05.
  4. Strom, S. E.; et al. (July 1974), "Infrared and optical observations of Herbig-Haro objects.", The Astrophysical Journal, 191: 111–142, Bibcode:1974ApJ...191..111S, doi:10.1086/152948.
  5. Motte, F.; et al. (June 2001), "A SCUBA survey of the NGC 2068/2071 protoclusters", Astronomy and Astrophysics, 372 (3): L41–L44, arXiv:astro-ph/0105019, Bibcode:2001A&A...372L..41M, doi:10.1051/0004-6361:20010543.
  6. Herbig, G. H.; Kuhi, L. V. (February 1963), "Emission-Line Stars in the Region of NGC 2068", The Astrophysical Journal, 137: 398, Bibcode:1963ApJ...137..398H, doi:10.1086/147519.
  7. Zhao, Bing; et al. (September 1999), "Newly Discovered Herbig-Haro Objects in the NGC 2068 and NGC 2071 Regions", The Astronomical Journal, 118 (3): 1347–1353, Bibcode:1999AJ....118.1347Z, doi:10.1086/301002.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]

Coordinates: Sky map 05h 46.7m 00s, +00° 03′ 00″