मानव प्रजाति
Appearance
प्रजाति (अंग्रेजी: Race; रेस) पृथ्वी पर मनुष्यन के अलग-अलग ग्रुप में बिभाजित करे के एगो तरीका हवे। एकदम सुरुआत में भाषा, ओकरे बाद राष्ट्रीयता आ सतरहवीं सदी के बाद शरीर के लच्छन के आधार पर पूरा दुनियाँ के मनुष्यन के कई भाग में बाँट के देखल जाला। वर्तमान में, बिद्वान लोग एह किसिम के बिभाजन आ बर्गीकरण के सामाजिक रचना (सोशल कंस्ट्रक्ट) माने ला, मने कि अइसन वर्गीकरण जे कौनों प्रकार से समाज आ संस्कृति में एक किसिम के मतलब रखत होखे। भले ई बँटवारा शारीरिक लच्छन के आधार के कुछ हद ले सामिल करत होखे, एकर कौनों मजबूत जीव बैज्ञानिक आधार नइखे।
मनुष्य के प्रजाति सभ में अध्ययन मनुष्य बिज्ञान, मानव भूगोल आ जनसंख्या भूगोल नियर बिसय सभ में कइल जाला।
संदर्भ
[संपादन करीं]ई भूगोल-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |