मांसपेशी

विकिपीडिया से
Muscle
Skeletal muscle.jpg
A top-down view of skeletal muscle
डिटेल जानकारी
लैटिनmusculus
PrecursorMesoderm
सिस्टमMusculoskeletal system
पहिचानक
Identifiers
टीएA04.0.00.000
एफएमए5022 30316, 5022

मांशपेशी चाहे खाली पेशी जेकरा अंग्रेजी में मशल (अंग्रेजी: Muscle) कहल जाला, एक किसिम के नरम ऊतक (सॉफ्ट टिशू) होखे लीं जे ज्यादातर जानवर सभ में पावल जालीं। मांसपेशी सभ के कोशिका में प्रोटीन के फिलामेंट पावल जालें जे एक्टिनमायोसीन के बनल होखे लें आ एक दोसरे पर सरके लें। एही कारन मांसपेशी शरीर के जोड़ सभ के चलावे में कामे आवे लीं आ मजबूती से पकड़ बनावे के साथे साथ सरीर के अंग के मुड़े आ गती करे में सहायक होखे लीं।

आसान भाषा में कहल जाय तब मांसपेशी जानवरन के शरीर के अइसन चीज हवे जे हड्डी से जुड़े लीं आ अंग सभ के रचना में हिस्सा लेलीं, जोड़ सभ के मजबूती देलीं आ मोड़दार गति संभव बनावे लीं। अइसन मशल सभ के स्केलेटल मशल कहल जाला। इनहन पर जानवरन के इच्छा के कंट्रोल होला। मने की जानवर इनहन के अपना इच्छा अनुसार चला सके लें (गति दे सके ले, हिला डुला सके ले)।

एकरे अलावा नरम पेशी भी होलीं, इनहन पर जानवर के इच्छा के कंट्रोल ना होखे ला बाकी काम ई लगभग उहे करे लीं।

तीसरा टाइप के कार्डीयक मशल कहल जाला जे दिल में होखे लीं आ रचना में हड्डी से जुड़े वाली पेशी नियर होखे लीं बाकी इनहना पर इच्छा के कंट्रोल ना होला आ ई लगातार दिल के धडकन के गति चलावे के काम करे लीं।

पूरा शरीर में पेशी सभ के संरचना के पेशी तंत्र (मस्कुलर सिस्टम) कहल जाला।

संदर्भ[संपादन करीं]