महेंद्र सिंह धोनी
MS Dhoni | |
---|---|
![]() 2023 में धोनी | |
निजी जानकारी | |
जनम | राँची, बिहार (अब झारखंड), भारत | 7 जुलाई 1981
लंबाई | 5 फीट 9 इंच (175 सेमी)[1] |
जीवनसाथी | साक्षी धोनी |
सम्मान |
|
Military service | |
पुकार नाँव | माही, थाला, कैप्टन कूलl[2] |
Allegiance | ![]() |
महेंद्र सिंह धोनी (जनम: 7 जुलाई 1981) एक ठो भारतीय अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट खिलाड़ी आ पूर्व कप्तान हवें, जे भारत के राष्ट्रीय टीम के हर फॉर्मेट (टेस्ट, वनडे, आ टी-20) में कप्तानी कइले रहलें। ऊ चेन्नई सुपर किंग्स (CSK) टीम के भी कप्तान रह चुकल बाड़ें आ आईपीएल (इंडियन प्रीमियर लीग) में उनका टीम के कई बार चैंपियन बनवले बाड़ें।
शुरुआती जिनगी
[संपादन करीं]धोनी के जनम 7 जुलाई 1981 के रांची, बिहार (अब झारखंड), भारत में भइल। ऊ पढ़ाई के दौरान फुटबॉल गोलकीपर रहले, बाकिर बाद में क्रिकेट में रुचि बढ़ल आ ऊ विकेटकीपर-बल्लेबाज बन गइलें।
इंटरनेशनल कैरियर
[संपादन करीं]धोनी के अंतरराष्ट्रीय डेब्यू 23 दिसंबर 2004 के बांग्लादेश खिलाफ वनडे मैच से भइल। ऊ जल्दीये आक्रामक बल्लेबाजी आ शांत स्वभाव से सबके ध्यान खींचले।
टी-20 वर्ल्ड कप 2007 – भारत के कप्तान बना के जीत दिलवले। आईसीसी क्रिकेट वर्ल्ड कप 2011 – भारत के 28 साल बाद वर्ल्ड कप जितवले, आ फाइनल में नाबाद 91 रन बना के जीत दिलवले। चैम्पियंस ट्रॉफी 2013 – भारत के कप्तान के रूप में जीत। भारत के पहिला कप्तान जे तीनों ICC ट्रॉफी जितले।
धोनी के शांत दिमाग आ मैच फिनिश करे के क्षमता के कारण ऊ "कैप्टन कूल" के नाम से जानल जालें।
खेल के इस्टाइल
[संपादन करीं]महेंद्र सिंह धोनी एक दाहिना हाथ के बल्लेबाज आ विकेटकीपर हवें। ऊ पारंपरिक बल्लेबाजी तकनीक से हटके अपन खास शैली में खेललें, जेहमें ऊ लॉन्ग-ऑन, लॉन्ग-ऑफ आ मिडविकेट दिशा में ताकतवर शॉट लगावेलन। ऊ शॉर्ट बॉल पर पुल आ हुक शॉट बढ़िया खेलेलन आ बॉलर्स पर दबाव बनावेलन।
धोनी के बैट पकड़ के तरीका खास बा—ऊ हैंडल के नीचे से मजबूत ग्रिप बना के ताकत से शॉट लगावेलन। ऊ 'हेलिकॉप्टर शॉट' खातिर मशहूर बाड़ें, जे उनकर दोस्त संतोष लाल सिखवले रहलें। धोनी के मैच फिनिश करे के हुनर खास बा, आ ऊ तेज रनिंग खातिर भी जानल जालें।
विकेटकीपिंग में उनका तेज रिफ्लेक्स के सराहना मिलल बा, हालाँकि कभी-कभार तकनीकी कमी के आलोचनो भइल बा। कप्तान के रूप में ऊ अनोखा सोच, सहजता आ शांत मिजाज खातिर जानल जालें, आ एही चलते उनका "कैप्टन कूल" कहल जाला।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "MS Dhoni, profile". Sportskeeda. Archived from the original on 26 December 2022. Retrieved 26 December 2022.
- ↑ "MS Dhoni birthday: What are some of the nicknames of Mahendra Singh Dhoni?". Sporting News. 7 July 2023. Archived from the original on 18 December 2023. Retrieved 1 December 2023.
![]() | ई जीवनी संबंधी लेख क्रिकेट से जुड़ल कौनों व्यक्ति के बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |