Jump to content

मरी (हिल स्टेशन)

विकिपीडिया से
मरी
ऊपर से दहिने घुमत: मरी के होली ट्रिनिटी चर्च पर सूर्यास्त, जनरल पोस्ट ऑफिस, घाटी आ माल रोड के दृश्य, मध्य मरी में औपनिवेशिक काल के माल, पटरियाटा के गोंडोला लिफ्ट
Nicknames: 
ब्रिटिश भारत में द डिपो, सफ़ेद शहर
मरी के लोकेशन Punjab, Pakistan में
मरी
मरी
पंजाब प्रांत में लोकेशन
मरी के लोकेशन Pakistan में
मरी
मरी
पाकिस्तान में लोकेशन
Coordinates: 33°54′15″N 73°23′25″E / 33.90417°N 73.39028°E / 33.90417; 73.39028निर्देशांक: 33°54′15″N 73°23′25″E / 33.90417°N 73.39028°E / 33.90417; 73.39028
देस पाकिस्तान
प्रांतपंजाब
जिलारावलपिंडी
तहसीलमरी
Elevation
2,291.2 m (7,517.1 ft)
Population
 (2017)[1]
 • Total
25,816
Time zoneUTC+5 (पीकेटी)
यूनियन काउंसिल8

मरी (Murree) पाकिस्तान के पंजाब प्रांत में मरी जिला में एगो कस्बा आ हिल स्टेशन बा। भूगोलिक हिसाब से ई हिमालय के पीर पंजाल श्रेणी के गलयात इलाका में पड़े ला। ई इस्लामाबाद-रावलपिंडी मेट्रो एरिया के एगो किनारे पर पड़े ला आ इस्लामाबाद के बस 30 किमी के दूरी पर उत्तर-पूरुब में बाटे।

एकर औसत ऊँचाई समुंद्र तल से 2,291 मीटर (7,516 फीट) बाटे जहाँ ब्रिटिश लोग पंजाब के मैदानी इलाका के भीषण गरमी से बचाव खातिर एह हिल स्टेशन के अस्थापना कइल।[2] 1851 में ब्रिटिश सेना खातिर ई एगो सैनिटोरियम के रूप में बनावल गइल आ परमामेंट टाउन के अस्थापना 1853 में भइल आ कुछे समय बाद एहिजे एगो चर्च अस्थापित कइल गइल। 1876 तक ले ई ब्रिटिश राज के पंजाब प्रांत के गरमी के सीजन के राजधानी रहल, एकरा बाद ई दर्जा शिमला के मिल गइल।

पाकिस्तान के आजादी के बाद से अब्बो पाकिस्तान के एगो मेन हिल स्टेशन आ पर्यटक आकर्षण हवे। साथे-साथ ई आजाद काश्मीर में मौजूद हिल स्टेशन एबटाबाद खातिर एगो ट्रांजिट प्वाइंट के भी काम करे ला।

2022 के जनवरी में एहिजे भारी बर्फबारी से कई लोगन के जान चल गइल।[3]

  1. ↑ "Punjāb (Pakistan): Province, Major Cities, Municipalites [sic] & Towns - Population Statistics, Maps, Charts, Weather and Web Information" [पंजाब पाकिस्तान: प्रांत, प्रमुख शहर, नगरपालिका आ कस्बा - जनसंख्या के आँकड़ा, नक्शा, चार्ट, मौसम आ वेब जानकारी]. सिटीपापुलेशन.डीई (अंग्रेज़ी में).{{cite web}}: CS1 maint: unrecognized language (link)
  2. ↑ "A British town in the hills: Book on Murree launched". The Express Tribune (newspaper) (अंग्रेजी में). 2013-11-12. Retrieved 16 October 2021.
  3. ↑ "मरी: बर्फ़बारी में गाड़ियों के अंदर मौतें, कैसे हैं अब ज़मीनी हालात". BBC News हिंदी (Hindi में). Retrieved 9 अप्रैल 2022.

बाहरी कड़ी

[संपादन करीं]