चर्च (संस्था)
चर्च भा ईसाई चर्च के अरथ, प्रोटेस्टेंट लोग के बिचार में, अइसन सगरी लोगन के समूह से होला जे इतिहास में अब तक ले ईसाई धर्म के माने वाला रहल बा। हालाँकि, ज्यादातर ईसाई लोग चर्च के मतलब ईसाई धर्म के अंदर एगो खास संस्था से लगावे ला (उदाहरण खातिर, रोमन कैथोलिक चर्च, ऑर्थोडॉक्स चर्च, असीरियाई चर्च वगैरह)।
न्यू टेस्टामेंट के ज्यादातर अंग्रेजी अनुबाद सभ में चर्च शब्द यूनानी भाषा के इक्लेसिया (ἐκκλησία) के अरथ में कइल जाला। इक्लेसिया के सामन्य अरथ असेम्बली या लोग के समूह होला।[1] नया टेस्टामेंट में शब्द ἐκκλησία कुल 114 बेर आवे ला, जद्यपि कि ई हर बेर चर्च के तकनीकी अरथ में नइखे इस्तेमाल भइल।[2] इहाँ ई शब्द लोकल समुदाय के अरथ में भी इस्तेमाल भइल बा आ सगरी (ईसाई धर्म में) बिस्वास करे वाला लोग खातिर भी।[3]
फ़ारसी में इक्लेसिया के सीधा भाषांतर कलीसा कइल जाला जबकि उर्दू-हिंदी में एकरा के गिरिजा या गिरजाघर कहल जाला।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "Liddell and Scott:ἐκκλησία". Archived from the original on 2021-05-01. Retrieved 2017-07-14.
- ↑ "Ekklesia: A Word Study". Acu.edu. Archived from the original on 3 September 2006. Retrieved 3 September 2013.
- ↑ McKim, Donald K., Westminster Dictionary of Theological Terms, Westminster John Knox Press, 1996
| ई धर्म-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |