भारत रत्न

विकिपीडिया से
Jump to navigation Jump to search
भारत रत्न
Bharat Ratna.jpg
Awarded by
Emblem of India.svg
भारत सरकार
Country भारत
Type National Civilian
Ribbon Bharat Ratna Ribbon.svg
Obverse पीपर के पतई नियर आकृति पर सुरुज के चित्र जेकरा नीचे देवनागरी में "भारत रत्न" लिखल होला
Reverse भारत के राजचीन्हा आ "सत्यमेव जयते"
Statistics
Established 1954
First awarded

1954

Last awarded

2015

Total awarded 45
Precedence
Next (lower) IND Padma Vibhushan BAR.png पद्म विभूषण

भारत रत्न भारत गणतंत्र के सभसे बड़ नागरिक सम्मान बा जे भारत सरकार द्वारा "नृजाति, पेशा, पोजीशन भा लिंग के भेदभाव के" ओह बेकती लोग के दिहल जाला जे लोग बहुत ऊँच क्वालिटी के परफार्मेंस भा सेवा के पर्दर्शन कइले होखें। एह सम्मान के सुरुआत 1954 से भइल आ पहिली बेर ई तीन लोग के दिहल गइल: सी राजगोपालाचारी, सर्वपल्ली राधाकृष्णनसी वी रमन

अबतक ले ई सम्मान कुल 45 लोगन के दिहल जा चुकल बा जेह में 12 लोग के ई मउअति के बाद दिहल गइल बा। सम्मान देवे के अनुशंसा भारत के परधानमंत्री द्वारा राष्ट्रपति के भेजल जाले आ एक साल में तीन लोग एकरा खाती नामांकित कइल जा सकत बा। पछिला बेर ई साल 2015 में पंडित मदन मोहन मालवीय आ अटल बिहारी बाजपेई के दिहल गइल।

एह सम्मान में एगो मेडल दिहल जाला जे पीपर के पतई के आकृति के होला आ राष्टपति के दसखत कइल एगो सनद दिहल जाले। एह में कवनों किसिम के धन ना दिहल जाला।

संदर्भ[संपादन]