भारतीय साहित्य

विकिपीडिया से

भारतीय साहित्य, प्राचीन काल से 1947 में ब्रिटिश राज के अंत तक ले भारतीय उपमहादीप में बोलल जाए वाली बिबिध भाषा सभ में रचल गइल साहित्य, आ 1947 में आजादी के बाद भारत में रचल गइल साहित्य हवे। सभसे प्राचीन साहित्य के रूप में वैदिक साहित्य आ दक्खिन भारत में रचल गइल संगम साहित्य गिनल जालें। बाद में लौकिक संस्कृत साहित्य आ अउरी बाकी क्लासिकल भाषा सभ में भइल साहित्य रचना; प्राकृत, पाली आ अपभ्रंश साहित्य; अपभ्रंश काल के बाद बिकसित भइल बिबिध भाषा आ बोली सभ के लिखित भा वाचिक साहित्य आ आधुनिक दक्षिण भारतीय भाषा सभ के साहित्य; बीसवीं सदी के बाद अंग्रेजी में लिखल गइल साहित्य आ आजादी के बाद के भारत में बिबिध भाषा सभ में लिखल गइल साहित्य सामिल बा। वर्तमान में भारत में 22 गो भाषा सभ के आधिकारिक रूप से भाषा मानल जाला।