बोरा (हवा)
बोरा (अंग्रेजी: Bora) एगो उतरही चाहे उत्तर-पूरुब से बहे वाली लोकल कैटाबैटिक हवा हवे जे एड्रियाटिक सागर के आसपास के इलाका में बहे ले। एह हवा से एड्रियाटिक तट के इटली, स्लोवेनिया आ क्रोएशिया देस प्रभावित होखे लें।[1] आमतौर पर ई एड्रियाटिक के किनारा वाला इलाका में पहाड़ी गैप सभ से नीचे उतरे ले खास क के डिनैरिक ऐल्प्स से।[2]
ई हवा ढाल के सहारे नीचे उतरे भा धँसके ले जेकरा चलते एकरा के कैटाबैटिक हवा में गिनल जाला। ई साल भर में कौनों भी सीजन में बह सके ले हालाँकि, एकर सभसे बेसी बहाव जाड़ा के दिनन में होखे ला।[3] जाड़ा में ई पूरा एड्रियाटिक सागर के इलाका में परभावी हो जाले आ माल्टा तक ले पहुँच सके ले।[2] बाकी समय ई खाली भर समुंद्र के किनारा वाला इलाका में महसूस कइल जाला। अपना सबसे भयानक रूप में एह हवा के तेजी घातक होखे ले आ 100 किमी प्रति घंटा के रफ़्तार तक ले के हो सके ले; अदिमी के ढनका देवे आ गाड़ी पलट देवे के ताकत वाली होखे ले।[1]
बोरा शब्द यूनानी भाषा के बोरस शब्द से आइल हवे जेकर अरथ होला उत्तर दिसा। अइसने नाँव के इस्तेमाल भूमध्य सागर आ काला सागर बेसिन में तटीय इलाका सभ में बहे वाली उत्तर-पूरबी हवा सभ खातिर इस्तेमाल होखे ला। नाँव के इस्तेमाल बुल्गारिया में, काला सागर के इलाका में, रूसी आर्कटिक के नोवा ज़ेमिल्या में आ पच्छिमी अमेरिका में रॉकी परबत से पूरबी ढाल पर उतरे वाली हवा सभ खातिर इस्तेमाल होखे ला।[1]
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ 1.0 1.1 1.2 "bora | wind | Britannica". www.britannica.com (अंग्रेजी में). Retrieved 22 अप्रैल 2022.
- ↑ 2.0 2.1 "What is a Bora Wind?". WorldAtlas (अंग्रेजी में). 26 जुलाई 2019. Retrieved 22 अप्रैल 2022.
{{cite web}}
: CS1 maint: url-status (link) - ↑ "Wind of the World: Bora | weatheronline.co.uk". www.weatheronline.co.uk (अंग्रेजी में). Retrieved 22 अप्रैल 2022.
{{cite web}}
: CS1 maint: url-status (link)
ई जलवायु बिज्ञान/मौसम बिज्ञान–संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |