रॉकी परबत

विकिपीडिया से
रॉकी परबत
Rocky Mountains भा the Rockies
Highest point
परबतचोटीMount Elbert (कोलोरैडो, अमेरिका)
ऊँचाई14,440 फीट (4,401 मी)
लोकेशन (भूगोलीय)39°07′03.90″N 106°26′43.29″W / 39.1177500°N 106.4453583°W / 39.1177500; -106.4453583
डाइमेंशन
लंबाई3,000 मील (4,800 किमी)
भूगोल
देसकनाडा and अमेरिका
राज्य/प्रांत
रेंज निर्देशांक43°44′28″N 110°48′09″W / 43.741208°N 110.802414°W / 43.741208; -110.802414निर्देशांक: 43°44′28″N 110°48′09″W / 43.741208°N 110.802414°W / 43.741208; -110.802414
मूल परबत श्रेणीउत्तर अमेरिकी कार्डीलेरा
Geology
चट्टान के उमिरPrecambrian and Cretaceous
चट्टान प्रकारआग्नेय, अवसादी and मेटामोर्फिक

रॉकी परबत उत्तर अमेरिका महादीप के पच्छिमी भाग में स्थित एगो बिसाल परबत श्रेणी बाटे। ई अल्पाइन क्रम के परबत हवे आ एकर निर्माण लारामाइन परबत निर्माण की घटना में भइल रहे। उत्तर अमेरिकी प्लेट की नीचे पच्छिम ओर से कई गो प्लेट सभ के धँसाव से बनल ई परबत के पूरुब-पच्छिम चौड़ाई भी बहुत बाटे काहें से कि ए धँसाव के कोन बहुत कम रहे। ई परबत के लंबाई में बिस्तार उत्तर दक्खिन के बाटे आ एकर कुल लंबाई लगभग 3000 मील (4830 किलोमीटर) बा।

बर्तमान में ई नेशनल पार्कबन क्षेत्र से घिरल बाटे आ कई तरह के खनिज पदार्थन के भण्डार भी हवे। ई अमेरिका में पर्यटन के बहुत सारा जगहन के अपनी ऊपर आश्रय दिहले बाटे जहाँ पर्वतारोहण, हाइकिंग आ प्रकृति दर्शन नियर चीज खातिर लोग घुमे जाला।

संदर्भ[संपादन करीं]