बबुर
बबुर चाहे बब्बुर (हिंदी: बबूल, कीकर; बैज्ञा. नाँ.: Vachellia nilotica) एगो पेड़ हवे जेह में काँटा होला। माझिल साइज के ऊँचाई वाला ई फेड़ फैबासियाई परिवार के हवे। एह में छोट-छोट पीयर फूल होखे लें आ पतई महीन होखे लीं। ई मूल रूप से अफिरका आ भारतीय उपमहादीप के पेड़ हवे। भारत में ई पहाड़ी आ तराई वाला इलाका छोड़ के लगभग पूरा भारत में पावल जाला; खास तौर प कुछ-सूखा वाला इलाका में ई फेड़ बहुत होखे ला। पच्छिमी भारत में एकरा के लोकल भाषा में कीकर कहल जाला।
आस्ट्रेलिया में एकरा के खर-पात में आ हमलावर बनस्पति प्रजाति मानल जाला जबकि अमेरिका में ई घातक खर-पात के श्रेणी में आवे ला।
टैक्सोनॉमी
[संपादन करीं]बबुर के बैज्ञानिक नाँव वैचेलिया निलोटिका हवे। बनस्पति बिज्ञान के वर्गीकरण में एकरा के अकैसिया जाति के फैबासियाई परिवार में रखल जाला। खासतौर प ई प्रजाति अकैसिया (बबुर जाति) के फेड़ आ पौधा सभ के सभसे टिपिकल प्रजाति मानल जाला। अकैसिया के बिबरन यूनानी बिद्वान पेडानियस डायोस्कोरीडीस़ लिखल ग्रंथ मैटेरिया मेडिका में मिले ला।
ई फेड़-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |