Jump to content

फॉसिल

विकिपीडिया से
लगभग 110 मिलियन साल पुरान जीवाश्म मछली

फॉसिल (fossil) चाहे जीवाश्म कौनों बीतल भूबिज्ञानिक जुग के जियातार चीजन के कौनों भी संरक्षित अवशेष, छाप भा निशान के कहल जाला। उदाहरण खातिर हड्डी, खोल, एक्सोस्केलेटन, जानवर भा सूक्ष्मजीव सभ के पत्थर के छाप, एंबर में संरक्षित चीज, बाल, पथरीला लकड़ी, तेल, कोइला आ डीएनए के अवशेष सभ के सामिल कइल जा सके ला। जीवाश्म सभ के कुलता के जीवाश्म रिकार्ड के नाँव से जानल जाला।