अंबर
Jump to navigation
Jump to search
अंबर (हिंदी: तृणमणि) फेड़ सभ के गोंद (रेजिन) के फॉसिल वाला रूप होखे ला। अंबर के कम से कम ईसा पूर्ब चउथी सदी से जानकारी बाटे आ ई प्राचीन काल में ईंधन खातिर आ गहना-गुरिया बनावे में इस्तेमाल होखे जे आजु ले चालू बाटे। रोमन प्रकृतिबिद्वान प्लिनी दि ईल्डर सहिये बतवले रहलें कि अंबर में किरौना आ अन्य चीज कभी-काल्ह पावल जाला एकर मतलब ई पुरान समय में लिक्विड रहल होखी। अंग्रेजी आ हिंदी में अंबर शब्द मूल अरबी भाषा से आइल हवे। हिंदी में एकरा कि तृणमणि भी कहल जाला। अंग्रेजी के अंबर शब्द के इस्तेमाल स्पर्म व्हेल के तेलो खातिर इस्तेमाल होखे (जेकरा के अब एंबरजरिस कहल जाला)। दुनों चीजन के आपस में भरम एह कारन भइल कि दुनों समुंद्री तीरे पर बहाइल पावल जालें।