फिदूर दोस्तोवस्की

विकिपीडिया से
फिदूर दोतोव्सकी
वसीली पेरोव के बनावल दोस्तोवस्की के पोर्ट्रेट, 1872
वसीली पेरोव के बनावल दोस्तोवस्की के पोर्ट्रेट, 1872
जनमफिदूर मिखाइलोविच दोतोव्सकी
(1821-11-11)11 नवंबर 1821
मास्को, रूसी साम्राज्य
निधन9 फरवरी 1881(1881-02-09) (उमिर 59)
सेंट पीटर्सबर्ग, रूसी साम्राज्य
राष्ट्रियतारूसी
शिक्षामलेटरी इंजीनियरिंग-टेक्नीकल इन्वार्सिटी, सेंट पीटर्सबर्ग
समय1846-1881
बिधाउपन्यास, कहानी, journalism
बिसयमनोबिज्ञान, दर्शन, धर्म
साहित्यिक आंदोलनरियलिज्म
प्रमुख रचनानोट्स फ्रॉम अंडरग्राउंड
क्राइम एंड पनिशमेंट
द ब्रदर्स कारामजोव
जीवनसाथी
संतानSonya (1868)
Lyubov (1869–1926)
Fyodor (1871–1922)
Alexey (1875–1878)
दसखत

फिदूर दोतोव्सकी (अंग्रेजी:Fyodor Dostoyevsky) (11 नवंबर 1821 - 9 फरवरी 1881) एगो रूसी लेखकउपन्यासकार, कहानी लेखक, पत्रकारदार्शनिक रहलें। उनुकर लिखल कहानी सभ में मानव मनोबिज्ञान के बहुत सफल चित्रण भइल बाटे आ ओ समय के राजनीतिक आ सामाजिक माहौल के भी बढ़ियाँ से देखावल गइल बाटे।

ऊ बीस बरिस की उमिर में लिखे सुरू कइ दिहलें आ उनुकर पहिला उपन्यास पुअर फोक 1846 में छपल जब उनुकर उमिर खाली पचीसे बरिस रहे। उनुकर परसिद्ध रचना में क्राइम एंड पनिशमेंट (1866), द इडियट (1869), डीमन्स (1872) आ द ब्रदर्स कारामजोव (1880) बाटे।

दोस्तोवस्की के जनम 1821 में मास्को में भइल रहे। जब उनुकर उमिर पनरह बरिस रहे तबे उनुकर महतारी मरि गइली। लगभग ओकरा बादे ऊ इस्कूली पढ़ाई छोड़ दिहलें आ निकोलायेव मलेटरी इंजीनियरी इंस्टीट्यूट में पढ़े लगलें आ उहाँ से ग्रेजुएशन कइलें।

1849 में उनुके पेत्रशेव्सकी सर्किल की संघे जुड़ाव खातिर गिरफ्तार कइल गइल। उनुका के मौत के सजा भी मिलल बाकी आखिरी समय में जार निकोलस I की आदेस से माफी मिल गइल।

दोस्तोवस्की के बाद में जुआ खेले के आदत लागि गइल रहे आ उनकर माली हालत एतना खराब हो गइल रहे कि उनके कुछ समय बदे भिखमंगई ले करे के परल।

उनुकर काम से बहुत लेखक-साहित्यकार लोग परभावित भइल आ उनकी रचना सभ के दुनिया की लगभग हर बड़हन भाषा में अनुवाद भइल बा।

संदर्भ[संपादन करीं]

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]