Jump to content

फारस के खाड़ी

विकिपीडिया से
फारस के खाड़ी
Persian Gulf
خلیج فارس (फ़ारसी)
अंतरिक्ष के देखले पर फारस के खाड़ी
लोकेशनपच्छिम एशिया
प्रकारGulf
ओमान सागर
थाला के देसईरान, ईराक़, कुवैत, सउदी अरब, क़तर, बहरीन, यूनाईटेड अरब अमीरातओमान (मुसंदम एन्क्लेव)
अधि. लंबाई989 किमी (615 मील)
सरफेस एरिया
251,000 किमी2 (2.70×1012 वर्ग फु)
औसत गहिराई
50 मी (160 फीट)
अधि. गहिराई90 मी (300 फीट)
Map
Interactive map of फारस के खाड़ी

फारस के खाड़ी (अंग्रेजी: Persian Gulf) पच्छिमी एशिया में एगो समुंद्री हिस्सा बा जे लगभग चारों ओर से जमीन से घेराइल बाटे, पातर खा जलजोड़ — हरमुज के जलजोड़ एकरा के हिंद महासागर (ओमान के खाड़ी) से जोड़े ला। एक तरह से कहल जा त ई जमीनी इलाका के भीतर ले घुसल हिंद महासागर के बिस्तार हवे जेकरे एक ओर अरब प्रायदीप बा आ दुसरे ओर ईरान (फारस)। एह खाड़ी के उत्तर पच्छिमी माथ पर शत अल अरब[1] नदी आ के एह में आपन डेल्टा बनावे ले।

खाड़ी ईरान-ईराक जुद्ध के क्षेत्र रह चुकल बा, खाड़ी जुद्ध के दौरान ई पूरा तरीका से दुनिया के खातिर धियान के बिसय बनल रहे आ ईराक के कुवैत पर हमला एही खाड़ी में भइल। मुख्य रूप से ई इलाका पेट्रोलियम उत्पादन के क्षेत्र हवे आ एही कारण ई खाड़ी दुनिया खाती महत्व के बिसय हवे।

खाड़ी में भरपूर मूंगा के चट्टान, मछरी पकडे के इलाका आ मोती निकाले वाला इलाका बाड़ें। हालाँकि, एह खाड़ी के आसपास तेल निकाले, उद्योगीकरण आ जुद्ध वगैरह से एकरे प्राकृतिक इकोसिस्टम के बहुत नोकसान चहुँपल बाटे।

  1. सिन्हा, आर॰ पी॰ (2010). विश्व विख्यात युद्ध. आत्माराम & संस. p. 212.